फीस अपॉन दी स्काई (थाई: ปลาบนฟ้า; RTGS: Pla Bon Fah) एगो थाई टेलीविज़न धारावाहिक बा जवनामें नरावित (पोंड) आ फूविन मुख्य किरदार के भूमिका निभवले बाड़े जा | इ धारावाहिक समान नावं से एगो उपन्यास पर आधारित बाटे जवनाके लेखक जित्तिरैन हवन | जित्तिरैन के उपन्यास आधारित धारावाहिक थ्योरी ऑफ़ लव आ २गेदर: दी सीरीज ( एकर सेकुएल्स स्टील २गेदर आ २ गेदर दी मूवी के साथे ) भी प्रचलित बा |
इ धारावाहिक के निर्देशक सकोन वोंग्सिंविसेट (गोल्फ) बाड़े | एकर निर्माण कम्पनी जीएमएम टीवी बिआ | इ धारावाहिक 3 दिसंबर 2020 के "GMMTV 2021: द न्यू डिकेड बिगिन्स" कार्यक्रम के दौरान 2021 खातिर जीएमएम टीवी के पेशकश के सोलह टेलीविजन धारावाहिकन में से एक ह।[1][2][3] इ धारावाहिक जीएमएम २५ आ लाइन टीवी पर १६ अप्रैल से प्रारंभ भइल [4] एकर प्रसारण रोज सुक २०:३० ICT आ २२:३० ICT बजे होला[5]