बासमती चाउर | |
---|---|
![]() आम ब्राउन राइस (बाएँ) आ बासमती ब्राउन राइस (दहिने) | |
जाति | ओराइजा |
प्रजाति | ओराइजा सैटाइवा |
मूल जगह | भारतीय उपमहादीप |
बासमती महकउवा चाउर के एगो किसिम हवे, छरहर अ लमछर दाना वाला ई चाउर भारतीय उपमहादीप के खास चाउर मानल जाला।[1] बासमती चावल मुख्य रूप से भारत आ पाकिस्तान में उगावल जाय वाला एगो खास किस्म के खुशबूदार चावल ह। एकर दाना लमहर, पतला आ सुगंध वाला होला, जवन पकला पर एक-दूसरा से फरका-फरका रहेला। बासमती चावल मुख्य रूप से पंजाब, हरियाणा, उत्तर प्रदेश आ पाकिस्तान के कुछ इलाका में पैदा होला। ई चावल बिरियानी, पोलाव आ कई गो पारंपरिक पकवान में इस्तेमाल होला। एकर पौष्टिकता में कार्बोहाइड्रेट, प्रोटीन आ फाइबर के मात्रा ज्यादा होला, जेकरा से ई स्वास्थ्य के लिहाज से भी बढ़िया मानल जाला।
साल 2014 ले, पूरा दुनिया में एकरे निर्यात (एक्सपोर्ट) में भारत के हिस्सा 59 भारत के रहल आ बकिया पाकिस्तान के रहल। हालाँकि, औरियो कई गो देस सभ में ई उपजावल जाला आ देस के भीतर इस्तेमाल कइल जाला।[2] एह चाउर के पेटेंट आ जीआई टैग भारत के लगे बा। एकरे अलावा भारतीय राज्य बिहार में नकली बासमती बनावे के खबर भी अखबारन में रहल, रिपोट के मोताबिक आम किसिम के चाउर में फ्लेवर वाला पावडर मिला के ओकरे के कतरनी बासमती कहि के बेचल जाला।[3]
![]() | ई खेती-किसानी भा कौनों फसल संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |