बाहुबली 2: दि कन्क्लूजन | |
---|---|
![]() थियेट्रिकल रिलीज पोस्टर | |
डाइरेक्टर | एस एस राजमौलि |
प्रोड्यूसर |
|
स्क्रीनप्ले | एस एस राजमौलि |
कहानी | के वी विजयेंद्र प्रताप |
कलाकार | |
संगीतकार | ऍम ऍम किरवानी |
प्रोडक्शन कंपनी | अर्का मीडिया वर्क्स |
डिस्ट्रीब्यूटर | तेलुगु: अर्का मीडिया वर्क्स तमिल: के प्रोडक्शंस Hindi: धर्मा प्रोडक्शन AA Films मलयालम: ग्लोबल यूनाइटेड मीडिया |
रिलीज के तारीख |
|
देस | भारत |
भाषा | तेलुगु तमिल हिंदी |
बजट | ₹2 billion[3] |
बाहुबली 2: दि कन्क्लूजन साल 2017 में रिलीज होखे वाली काल्पनिक इतिहासी ड्रामा के रूप में बनल एक ठो भारतीय फिलिम बा जे पहिली फिलिम बाहुबली: दि बिगेनिंग के अगिला पार्ट हवे। फिलिम के डाइरेक्टर एस॰ एस॰ राजमौलि बाने आ फिलिम में मुख्य कलाकार के भूमिका में प्रभास, राणा दग्गुबती, तमन्ना आ अनुष्का शेट्टी बा लोग।
सुरुआत में दुनों पार्ट के एकट्ठा बजट ₹2.5 billion (US$35 मिलियन),[4][3] रहल हालाँकि, बाद में दूसरा पार्ट के बजट बढ़ावे के परल। बाहुबली 2 अपना रिलीज से पहिलहीं ₹5 billion (US$70 मिलियन) के कमाई क चुकल रहल।[5]
फिलिम के 28 अप्रैल 2017 के पूरा दुनिया भर में एक्के साथ रिलीज कइल गइल।[2] बाहुबली 2 पहिली तेलुगु फिलिम रहल जेकरा के 4K हाई डेफिनिशन फॉर्मेट में रिलीज कइल गइल। एक ठो अनुमान के मोताबिक एह फ़ॉरमेट में फिलिम के देखावे बदे लगभग 200 सिनेमा हाल सभ के परदा के 4K प्रोजेक्टर वाला बानवे के परल।[6]
बाहुबली 2 पहिली अइसन भारतीय फिलिम बन गइल जे सगरी भाषा सभ में खाली तीने दिन के समय में ₹500 करोड़ (₹5 बिलियन) कमाई क लिहलस।[7] बाहुबली 2 पाँच दिन में, भारत के अबतक ले के सभसे ढेर कमाई करे वाली फिलिम भी बन गइल जब ई कुल ₹565 करोड़ (₹5.65 बिलियन) के कमाई कइलस।[8][9][10]
ई लेख एगो फिलिम के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |