ब्रिजमेनाइट चाहे सिलिकेट पेरोव्सकाइट (अंग्रेजी: Silicate perovskite) धरती पर सबसे बेसी मात्रा में पावल जाए वाला खनिज हवे; हालाँकि, ई सतह के लगे ना बलुक काफी गहिराई में पावल जाला। ई खनिज बहुत ढेर घनत्व वाला मैग्नीशियम-आ-लोहा के सिलिकेट होला जेवन धरती की अंदर 670 से 2700 किलोमीटर की गहिराई में पावल जाला। एकर नाँव 2014 में ब्रिजमेनाइट धराइल जब पहिली बेर एकर नमूना सन् 1879 में आस्ट्रेलिया में गिरल एगो उल्कापिंड से पावल गइल। काहें से की धरती पर अभिन ले एकर कौनों नमूना ना मिलल रहल आ जबले प्राकृतिक रूप से कौनों खनिज के नमूना न मिल जाय ओकर नाँव न धराला।
एकर नमूना क खोज अमेरिका की नेवादा इन्वरसिटी के खनिज बिग्यानी ओलिवर शाउनर के टीम कइलस आ ई सांइस में नवंबर 2014 में छपल[1]
ब्रिजमेनाईट नाँव अमेरिका की भौतिकबिग्यानी पर्सी ब्रिजमैन की की सम्मान में रखल गइल जे 1946 में उच्च दाब वाली भौतिकी की छेत्र में नोबेल पुरस्कार पवले रहलें।
{{cite journal}}
: |first2=
missing |last2=
(help); |pages=
has extra text (help)
ई रसायनशास्त्र-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |