ब्रॉडशीट (broadsheet) पन्ना के आकार के अनुसार अखबार के प्रारूप या फॉर्मेट हवे, आ एह तरह अखबार के साइज सभसे बड़ा होला (22 इंच या 560 मिलीमीटर)। एकर आकार, अमेरिका में लगभग 15 इंच चौड़ा आ 20 इंच (या कुछ अधिक) लंबा होला अगर मुख्यपन्ना के नापल जाय।[1] ब्रॉडशीट के शाब्दिक अरथ होखी बड़ा पन्ना आ एही बड़हन साइज के कारण एह तरह के अखबारन के ब्रॉडशीट अखबार कहल जाला। एकरे अलावा ई अखबार सभ के साथ कुछ गंभीर पत्रकारिता के भाव भी जुड़ल बतावल जाला।[2]
एकरे बिपरीत बर्लाइनर, कॉम्पैक्ट आ टेबलॉइड अखबार साइज में छोट होलें (टेबलॉइड के आकार 430 मिमी × 280 मिमी (16.9 बाई 11.0 इंच) होला)।
पहिला ब्राडशीट डच अखबार Courante uyt Italien के मानल जाला जवन सन् 1618 में छपल। इंग्लैंड में एह तरह के अखबार के प्रचलन अठारहवीं सदी में बढ़ल जब सरकार पन्ना के संख्या के आधार पर टैक्स वसूले सुरू कइलस।[1] एह प्रकार से लागत आ कुछ अन्य आधार पर ई फॉरमेट में छपल अखबार सस्ता पड़ें।[2]
भारत में ज्यादातर प्रतिष्ठित अखबार ब्रॉडशीट साइज के फॉर्मेट में छपे लें जइसे दि टाइम्स ऑफ इंडिया, दैनिक भास्कर, अमर उजाला, आज वगैरह।
![]() | ई अखबार-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |