भारत में साइबर अपराध में तेजी से बढ़ती देखल गइल बा। नेशनल क्राइम रेकार्ड्स ब्यूरो (एनसीआरबी) के 2016 में जारी रपट के मोताबिक साल 2015 में कुल 11,592 गो मामिला साइबरक्राइम के रूप में दर्ज कइल गइल।[1] हाल में भारतीय कंप्यूटर इमरजेंसी रिस्पांस टीम (CERT-in) के हवाला से खबर आइल कि साल 2017 के दौरान जनवरी से जून तक के बीचा में 27,482 मामिला साइबर अपराध के दर्ज कइल गइल; साल 2016 में अइसन अपराध के घटना सभ के औसत हर 12 मिनट पर एक रहल जे साल 2017 में बढ़ के 10 मिनट पर एक अपराध हो गइल।[2]
भारत में साइबर अपराध से निपटे खाती साल 2000 में इन्फार्मेशन टेक्नालॉजी एक्ट, 2000 पास कइल गइल। वर्तमान में भारत-अमेरिका के आतंकवाद के खिलाफ वार्ता सभ में एक पहलू साइबर अपराध भी बाटे।
![]() | ई कानून से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
![]() | ई भारत-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |