भारतीय मानक समय (Indian Standard Time) या आइऍसटी (IST) एक ठो समय हवे जे भारत आ श्री लंका में मानक समय के रूप में मानल जाला, आ एकर टाइम ऑफसेट यूटीसी+05:30 हवे। भारत में डेलाइट बचत समय (DST) या कौनों अन्य सीजनल बदलाव ना कइल जाला। मलेटरी आ एविएशन में आइएसटी के E* ("एको स्टार") के नाँव से पहिचानल जाला।[1]
भारतीय मानक समय के गणना 82.58° पूर्ब देशांतर, जे शंकरगढ़ किला, मिर्जापुर (25°09′N 82°35′E / 25.15°N 82.58°E) (उत्तर प्रदेश के मिर्जापुर जिला में मौजूद) से होला जे लगभग ओही रेखा पर बाटे जवना के संदर्भ देशांतर मानल जाला।[2]
टीजेड डेटाबेस में एकरा के एशिया/कोलकाता के नाँव से पहिचानल जाला।
1947 में आजादी से पहिले भारत में कई गो टाइम जोन आ समय प्रचलित रहे। आजादी के बाद भारत सरकार, पूरा देस खातिर एक ठो टाइम जोन निश्चित क दिहलस जवना के भारतीय मानक समय नाँव दिहल गइल। हालाँकि, एकरे बाद भी कलकत्ता आ बंबई आपन लोकल समय के,क्रमसे, 1948 आ 1955 ले इस्तेमाल कइलें।[3] पहिले केंद्रीय बेधशाला मद्रास में स्थापित रहल, एकरा के इलाहाबाद जिला के शंकरगढ़ ले जाइल गइल ताकि ई UTC +5:30 से ज्यादा-से-ज्यादा नजदीक रहे।
भारत में डे'लाइट सेविंग टाइम के इस्तमाल ना होला, हालाँकि, कुछ समय खातिर ई ब्यवस्था के चीन जुद्ध (1962) आ दुनों भारत-पाक लड़ाई (1965) आ (1971) में लागू कइल गइल रहे।[4]