भूपाली चाहे भूप हिंदुस्तानी संगीत में एगो प्रमुख राग हवे। एह राग में पाँच गो सुर (स्वर) लागे लें। आरोह-अवरोह दुनों में पाँच-पाँच गो सुर लागे के कारन हेकरा के औढ़व-औढ़व जाति के राग में गिनल जाला।
ई राग कल्याण ठाठ के राग हवे आ एकरे गावे बजावे के समय रात के पहिला पहर, मने कि देर साँझ बेरा मानल जाला। एह राग में अधिकतर रचना भक्ति के मिले लीं आ एही से एकरा के भक्ति आ शांति के राग मानल जाला। कई गो भजन आ परसिद्ध फिलिमी गाना एह राग में बान्हल गइल बाड़ें।
भूपाली, यमन आ भैरव कुछ अइसन राग हवें जे सुरुआती राग मानल जालें आ सीखे सिखावे में इनहन के पहिले सिखावल जाला।
कर्नाटक संगीत में एह राग के राग मोहनम के नाँव से जानल जाला।
सा, रे, ग, प, ध
सां, ध, प, ग, रे, सा
राग भूपाली पार आधारित कुछ प्रमुख फिलिमी गाना बाड़ें:
ई संगीत-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |