भौतिक भूगोल (अंग्रेजी: physical geography) भूगोल के दू गो प्रमुख शाखा सभ में से एक हवे आ एह शाखा में धरती पर मौजूद प्राकृतिक चीज सभ के भूगोलीय अध्ययन कइल जाला।[1] भौतिक भूगोल में, पृथ्वी के ठोस चट्टानी हिस्सा थलमंडल, चारों ओर मौजूद हवा से बनल वायुमंडल, समुंद्र आ सागर के रूप में मौजूद जलमंडल, आ बिबिध जिया-जंतु आ बनस्पति से बनल जीवमंडल के अध्ययन होला। एकरे बिपरीत, भूगोल के दुसरकी शाखा मानव भूगोल हवे जेह में मनुष्य के काम से प्रभावित भा मनुष्य के बनावल पर्यावरण से संबंधित चीजन के पढ़ाई होला।
भूगोल के शाखा होखे के नाते, एह बिसय में ऊपर बतावल चीज सभ के अध्ययन जगह आ क्षेत्र के संदर्भ में कइल जाला आ स्पेशियल पैटर्न के खोज आ ब्याख्या कइल जाला। एकरे अलावा मनुष्य आ पर्यावरण के आपसी संबंध आ मनुष्य के पर्यावरण पर परभाव के अध्ययन भी अलग-अलग जगह आ क्षेत्र के संदर्भ में कइल जाले।[2]
एह चार गो के अलावा भौतिक भूगोल के उपशाखा सभ में समुंद्रतटीय भूगोल, माटी बिज्ञान, क्वार्टरनरी बिज्ञान, जलबिज्ञान आ पर्यावरण भूगोल शामिल बाने।
ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |