मदरसा (बहुवचन: मदारिस) अरबी भाषा के शब्द हवे जेकर अरथ शिक्षा आ पढ़ाई लिखाई जे जगह होला। इहाँ धार्मिक शिक्षा (कौनों भी धरम के) दिहल जाय अइसन भी हो सके ला आ बिना कौनों धार्मिक जुड़ाव वाला शिक्षण संस्थान, इस्कूल कालेज भा इन्वार्सीटी के भी एह नाँव से बोलावल जा सके ला। पच्छिमी सभ्यता के लोग एह शब्द के खास अरथ लगावे ला कि जहाँ इस्लाम के शिक्षा दिहल जा रहल होखे हालाँकि, अइसन जगह पर इहे एकलौता पढाई के बिसय होखे अइसन ना बा। भारत नियर देसन में मदरसा में पढ़े वाला सगरी बिद्यार्थी मुसलमाने ना होलें आ इनहन में आधुनिक कैरिकुलम (पाठ्यक्रम) भी पढ़ावल जाला।[1][2][3][4]
{{cite news}}
: |last1=
has generic name (help)
![]() | ई लेख शिक्षा आ पढ़ाई से संबंधित एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |