मलेशिया एयरलाइंस बर्हाद (एमएबी) जवन की पूर्व में मलेशियाई एयरलाइन सिस्टम बर्हाद; की रूप में जानल गइल और बाद में मलेशिया एयरलाइंस की रूप में ब्रांडेड भइल; कुआलालंपुर अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा से और दूसरा बड़ा हब कोटा किनाबालु और कुचिंग से पूरा एशिया, ओशिनिया और यूरोप खातिर ऑपरेट होखे वाली एगो प्रमुख एयरलाइन उड़ान ह। मलेशिया एयरलाइंस मलेशिया और एगो वनवर्ल्ड एयरलाइन गठबंधन सदस्य क ध्वजवाहक ह। कंपनी क मुख्यालय कुआलालंपुर अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पर स्थित बा। अगस्त 2014 में, मलेशिया क सरकार जेकरी लगे ओ समय एयरलाइन क 69.37% हिस्सा रहे, उ अपनी निवेश फंड, खजाना नेसनल (Khazanah Nasional) से अल्पसंख्यक शेयरधारकन से शेष स्वामित्व खरीदले और मलेशिया की शेयर बाजार से डी लिस्ट कराके पुनः राष्ट्रीयकरण करवले क इरादा जतवलस।
मलेशिया एयरलाइंस दुगो सहायक एयरलाइन का मालिक ह: फायरफ्लाई और एम् ए स्विंग्स।
इ एयरलाइन मालयान एयरवेज लिमिटेड की तौर पर शुरू भइल रहे और इ एकर पहिला व्यावसायिक उड़ान 1947 में भरलस। मालयान एयरवेज क मुख्य ऑफिस सिंगापुर में रहे। कुछ साल बाद सिंगापुर क मलेशिया से अलगाव होखले की बाद, ए एयरलाइन क मलेशिया सिंगापुर एयरलाइन (MSA) की तौर पर पुनः नामकरण भइल, इ नाम तबले रहल जबले एकर सम्पत्ति 1972 में सिंगापुर ध्वजवाहक विमान कम्पनी सिंगापुर एयरलाइन्स और मलेशियन ध्वजवाहक मलेशियन एयरलाइन सिस्टम की बीच में बंट नाहीं गइल।[1][2]
विमानन उद्योग की ओर से कई पुरस्कार और विश्व यात्रा पुरस्कार की तरफ से विमान सेवा में एशिया में (2010-11, 2013) अग्रणी के रूप में मान्यता मिलले की बावजूद इ विमान सेवा नया, कम लागत वाली कइगो विमान सेवा की साथ प्रतिस्पर्धा खातिर सन 2000 से लागत में कटौती खातिर संघर्षरत रहल।[3]
2011 में भइल बड़ नुकसान की बाद एयरलाइन 2013 में एगो वापसी क योजना शुरू कइलस और कईगो प्रमुख मगर लाभहीन रस्तन में कटौती कइलस, जईसे की अमरीका (लॉस एंजिल्स और ब्यूनस आयर्स) और दक्षिण अफ्रीका वगैरह क।[4] साथे साथ मलेशिया एयरलाइंस एगो आंतरिक पुनर्गठन शुरू कइलस और इंजीनियरिंग और पायलट प्रशिक्षण जईसन इकाइयन के बेचले क इरादा जतवलस।[4]
मलाया में अनुसूचित हवाई यात्री और मेल सेवा 1937 में तब शुरू भइल जब वार्न एयर सर्विस सिंगापुर, कुआलालम्पुर और पेनांग के बीच परिचालन सेवा शुरू कइलस।
ए एयरलाइन क मुख्यालय और पंजीकृत कार्यालय प्रशासन भवन की पहिला मंजिल और साऊथ सपोर्ट जोन, कुआलालंपुर अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा, सेपांग में आइल बा। इ एयरलाइन एइजा दिसंबर 2015 में आइल।
एकरी पहिले, ए एयरलाइन क मुख्यालय सुबांग में, सुबांग एअरपोर्ट MAS प्रशासनिक कॉम्प्लेक्स में रहे, कुआलालंपुर में मुख्यालय से पाहिले इ एयरलाइन UMBC मुख्यालय में किराया पर जगह ले ले रहे।
मलेशिया एयरलाइंस ए क्षेत्र की आलावा ए क्षेत्र से संबंधित उद्योगनों में भी निवेश कइलस जेमें विमान ग्राउंड हैंडलिंग, विमान पट्टा पर दिहले क काम, विमानन इंजीनियरिंग, हवाई खानपान और टूर ऑपरेटर जइसन सेवा शामिल बा। स्पिनिंग ऑफ द्वारा इ कम्पनी खुद के पुनर्गठित क के एकर ऑपरेशनल इकाइन के आपन सम्पूर्ण मालिकी वाला कम्पनी में बदल दिहलस ताकि एकर यात्री विमान क मुख्य व्यवसाय के बनवले रख सके। 2013 में मलेशियन एयरलाइन्स क 28गो सहायक कम्पनी रहली स जेमें से 25गो पूरी तरह से मलेशिया एयरलाइन्स की तहत रहली स।