महबूब उल हक़ محبوب الحق | |
---|---|
Born | पंजाब, ब्रिटिश भारत | 24 फरवरी 1934
Died | 16 जुलाई 1998 न्यू यॉर्क शहर, अमेरिका | (उमिर 64)
Nationality | पाकिस्तानी |
Institution | पाकिस्तानी योजना आयोग बित्त मंत्री यूएनडीपी बिस्व बैंक कराची विश्वविद्यालय सांख्यिकी बिभाग (पाकिस्तान) |
Field | अर्थशास्त्र (माइक्रोइकोनॉमिक्स) |
School or tradition | हेट्रोडॉक्स इकोनॉमिक्स आ गेम थियरी |
Alma mater | पंजाब यूनिवर्सिटी, लाहौर (B.S.) किंग्स कॉलेज, कैंब्रिज (B.A.) एल यूनिवर्सिटी (Ph.D.) |
Contributions | गेम थियरी मानव बिकास इंडेक्स (HDI) मानव बिकास रपट (HDR) मानव बिकास |
महबूब उल हक़ (उर्दू: محبوب الحق; 24 फरवरी 1934 – 16 जुलाई 1998) एगो पाकिस्तानी अर्थशास्त्री रहलें। इनके परसिद्धि अंतर्राष्ट्रीय बिकास सिद्धांतकार के रूप में रहल आ ई पाकिस्तान के दसवाँ बित्तमंत्री भी रहलें।[1]
पंजाब यूनिवर्सिटी लाहौर में इकोनॉमिक्स पढ़े के बाद ई कैंब्रिज चल गइलेन आ उहाँ से डिग्री लिहलें। एकरे बाद येल यूनिवर्सिटी से पीएचडी कइलें आ हार्वर्ड केनेडी स्कूल में पोस्ट डॉक्टोरल रिसर्च कइलें। पाकिस्तान लवट के ई 1960 के दशक में ओहिजा के प्लानिंग कमीशन के मुख्य अर्थशास्त्री के रूप में काम कइलें आ बाद में जब जुल्फिकार अली भुट्टो के के अगुआई में समाजवादी सरकार चुनल गइल, अमेरिका चल गइलें। बिस्व बैंक में ई पॉलिसी डाइरेक्टर के रूप में पूरा 1970 के दशक में काम कइलें आ रॉबर्ट मकनामारा के चीफ़ इकोनॉमिक एडवाइजर (मुख्य आर्थिक सलाहकार) के रूप में काम कइलेन। [2][3]
सन् 1982 में लवट के पाकिस्तान अइलें आ 1985 में उहाँ के बित्त मंत्री बन्लें। एह दौर में सावधानी पूर्वक आर्थिक उदारबाद के नीति अपनावल गइल। बाद में फिर अमेरिका चल गइलें।
16 जुलाई 1998 के इनके न्यूयार्क में निधन भइल।
![]() | ई जीवनी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |