मेगन मार्कल | |
---|---|
![]() मार्च 2018 में मार्कल | |
Born | रैचेल मेगन मार्कल अगस्त 4, 1981[1] लॉस एंजेलिस, कैलिफोर्निया, अमेरिका |
Nationality | अमेरिकी |
Alma mater | नार्थवेस्टर्न विश्वविद्यालय |
Occupation | ऐक्ट्रेस |
Years active | 2002–2017 |
Spouses | ट्रेवर एंग्लेसन (बि. 2011; तलाक 2013) |
Partner | राजकुमार हैरी (सगाई भ गइल बा) |
Parents |
|
Signature | |
![]() |
मेगन मार्कल (अंग्रेजी: Meghan Markle; जनम 4 अगस्त 1981[1]) एगो अमेरिकी ऐक्ट्रेस बाड़ी। मार्कल के बियाह ब्रिटेन के राजकुमार हैरी के साथे, 19 मई 2018 के होखे वाला बा जेकरे बाद ई ब्रिटिश राजघराना के सदस्य बन जइहें।[2][3]
मार्कल के जनम आ लालन-पालन कैलिफोर्निया के लॉस एंजेलिस में भइल हवे। ई नार्थवेस्टर्न यूनिवर्सिटी से पढ़ाई कइले हई आ साल 2003 में इहाँ से थियेटर आ इंटरनेशनल स्टडीज में डिग्री लिहले हई। पढ़ाई पूरा करे के बाद मार्कल कई गो टीवी धारावाहिक सभ में एक्टिंग कइली। साल 2011 से 2018 ले, सुइट्स नाँव के सीरियल में, सात गो सीजन भर, रैचल जेन के रोल कइली। इनके फिलिम कैरियर में रेमेंबेर मी आ हौरिबल बौसेस सामिल बा। साल 2017 में इनके सगाई राजकुमार हैरी के साथे भइल आ ई अपना एक्टिंग कैरियर से संन्यास के घोषणा क दिहली।
रैचल मेगन मार्कल[4] के जनम 4 अगस्त 1981 के लॉस एंजेलिस, कैलिफोर्निया में भइल।[5] इनके महतारी, डोरिया लोइस रैगलैंड, एगो सामजिक कार्यकर्त्ता आ योग सिखावे वाली हई, कैलिफोर्निया के व्यू पार्क-विंडसर हिल्स में रहे ली।[5][6] इनके पिता थॉमस मर्कल सीनियर, मैक्सिको में रहे लें,[7] रिटायर लाइटिंग डाइरेक्टर (फिलिम इंडस्ट्री) हवें आ ई डेटाइम एमी अवार्ड जीत चुकल बाड़ें,[8] इनही के साथे इनके बेटी मेगन मार्कल मैरीड... विथ चिल्ड्रेन के सेट पर जायँ।[9][10][11] मार्केल के महतारी-बाप लोग तलाक ले लिहल जब ई छह बरिस के रहली।[12][13] इनके भाई-बहिन में थॉमस मार्कल जू. आ सामंथा ग्रांट बा लोग जे इनके पिता के संतान हवे, दुसरे महतारी से।[12]
[My middle name is] Meghan. My first name is actually Rachel.
But Markle's mother lives in the View Park-Windsor Hills neighbourhood, which is one of the wealthiest, primarily African American areas in the US.
1982 OUTSTANDING ACHIEVEMENT IN DESIGN EXCELLENCE FOR A DAYTIME DRAMA SERIES: Emmys to individuals: WILLIAM MICKLEY, Scenic Designer; ... Make-up Designer; Another World (NBC) JIM ELLINGWOOD, MERCER BARROWS, Art Directors; GRANT VELIE, JOHN ZAK, TOM MARKLE, Lighting Directors
Her father, Thomas W. Markle, is an Emmy Award-winning cinematographer.
She (Markle) spent time growing up on the set of Married... with Children
![]() | ई लेख कौनों एक्टर/एक्ट्रेस के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |