जब कौनो एक स्थान पर बहुत लोग कौनो सामाजिक, धार्मिक, व्यापारिक चाहे दुसरा कौनो कारण से इकट्ठा हो जालें त उ के मेला कहल जायेला। मेला कई तरह के होखेला। एकेगो मेला में तरह-तरह के क्रियाकलाप देखे के मिलेला आ विविध प्रकार के दोकान एवं मनोरंजन के साधन हो सकेला। भारत त मेला खातिर प्रसिद्ध बा। अहिजा कोस-दु-कोस पर जगह-जगह मेला लागेला जौन अधिकांशत: धार्मिक होखेला किन्तु कुछ पशु-मेला आ कृषक मेला भी अहिजा लागेला।
विश्व क सबसे बड़हन मेला कुंभ मेला हवे जेवन इलाहाबाद में हर बारहवाँ बरिस लागेला।
ई संस्कृति-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |