मेसा (अंग्रेजी: mesa, उच्चारण: मॆसा; स्पैनिश आ पुर्तगाली शब्द, अरथ: मेज चाहे टेबल) एक किसिम के थलरूप हवे जेह में जमीन के कटाव अइसन होखे ला कि सपाट ऊपरी हिस्सा वाला ऊँच हिस्सा बचे ला जेकर किनारा एकदम खड़ा ढाल (क्लिफ) वाला होला।[1] अक्सर ई अइसन इलाका में बने ला जहाँ चट्टान के कड़ेर परत ऊपर होखे आ ई अपना नीचे वाला हिस्सा के टोपी नियर सुरच्छा करे। मॆसा के छोट रूप जेह में ई गोल पहाड़ी नियर होला जेकरे चोटी पर सपाट छोट टोपी नियर हिस्सा होखे ला, बुटी (butti) कहाला।
मेसा के निर्माण अक्सर पठारी इलाका में होला आ ई चट्टान के टूटन अ कटाव चाहे खरोह से बने वाला थलरूप हवे।[2] ज्वालामुखी से निकलल लावा के परत के ऊपरी टोपीदार हिस्सा वाला मेसा भी पावल जालें।
![]() | ई थलरूप-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |