मेहरारू (रिश्ता के अरथ में) भा मेहरी, औरत (रिश्ता के अरथ में), (संस्कृत: पत्नी) बियाह के रिश्ता में सहभागी मरदाना आ औरत में से औरत के कहल जाला। मरद-मेहरारू के रिश्ता में, आमतौर पर मेहरारू के कुछ कर्तब्य आ अधिकार होलें जे संस्कृति आ समाज अनुसार अलग-अलग जगह आ अलग-अलग समय में अलग-अलग किसिम के पावल जालें।
आमतौर पर, पितृसत्ता वाला समाज में, जहाँ परिवार के मुखिया केहू मरदाना होखे आ परिवार के बंस लइका से चले, मेहरारू से अस्थान मरद के तुलना में कम आँकल जाला आ मेहरारू के अधिकार कम होलें।
मेहरारू संगे अउरी सभ सबद जे बोलल जाला, ऊ हऽ: इस्तिरी, मउगी (चाहे माउग), बहू (चाहे बह), बो (चाहे बौह), जन्नी, बेकत (ई मरदो ला कहल जाला), जनाना, जोरु आ कबिला (अंतिम के दुगो मियाँ लोग बेसी बोलेला)। जौजी खाली मियाँ लोग बोलेला। जब कवनो बड़ अदिमी से बतिआवल जाला तऽ सवारी चाहे घर के लोग के परजोग कइल जाला, जइसे "अपने के सवारी अइली हऽ" चाहे "रवां घर के लोग कहवां बाड़ी?"।[1]
![]() | ई समाज भा समाजशास्त्र-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |