Motu Patlu | |
---|---|
![]() धारावाहिक के टाइटिल रोल वाला मोटू आ पतलू | |
बिधा | कॉमेडी, |
रचना | कृपाशंकर भारद्वाज |
बिकासकर्ता | कॉसमोस-माया[1] |
लेखक | नीरज विक्रम |
डाइरेक्टर | सुहास कादव[2] |
क्रिएटिव डाइरेक्टर(लोग) | रणंजॉय चक्रवर्ती |
स्टारिंग | मोटू, पतलू, जॉन दि डॉन, घसीटा राम, डाक्टर झटका, इंस्पेक्टर चिंगम |
वॉइस ऑफ | सौरव चक्रवर्ती ओमी शर्मा संकल्प ब्रायन डी कोस्टा राजा रेनू शारदा विकाश कुमार |
थीम संगीतकार | संदेश शांडिल्य[2] |
सुरुआती थीम | "मोटू और पतलू की जोड़ी" |
अंत थीम | "मोटू और पतलू की जोड़ी" |
संगीत | संदेश शांडिल्य |
उत्पत्ती देस | भारत |
मूल भाषा(सब) | हिंदी अंग्रेजी सिंहल तेलुगु तमिल मलयालम कन्नड़ तुलू बंगाली |
सीजन संख्या | 4 |
एपिसोड नं. | 262 |
प्रोडक्शन | |
एक्सीक्यूटिव प्रोड्यूसर | अनु सिक्का |
प्रोड्यूसर | दीपा साही अनीस मेहता |
प्रसारण काल | 10–11 मिनट (एक एपिसोड) |
प्रोडक्शनकंपनी | कॉसमॉस एंटरटेनमेंट, सिंगापुर |
डिस्ट्रीब्यूटर | कॉसमॉस एंटरटेनमेंट, सिंगापुर |
रिलीज | |
मूल नेटवर्क | निकेलोडियन निक एचडी |
ऑडियो फॉरमेट | डाॅल्बी डिजिटल |
पहिला प्रदर्शन | 16 अक्टूबर 2012 |
ओरिजिनल रिलीज | 16 अक्टूबर 2012 | – अबतक
बाहरी कड़ी | |
[www |
मोटू पतलू एक ठो भारतीय एनीमेशन सीरीज बाटे। पारिवारिक भा छोट लड़िकन के कार्टून सीरीज हवे। ई निक टीवी पर देखावल जाला। मूल रूप से हिंदीमें बनल ई कार्टून वर्तमान में अंग्रेजी के सामिल क के कुल नौ गो भारतीय भाषा सभ में देखावल जा रहल बाटे।
एह टीवी सीरीज के सुरुआत निकेलोडियन आ मीडियाकॉर्प वसंतम के सहजोग से भइल। सीरीज के प्रोड्यूसर कोसमोस-माया बा।[1] ई सीरीज मूल रूप से लोटपोट नाँव के पत्रिका में छपे वाली कॉमिक स्ट्रिप के टीवी एनीमेशन रूपांतर हवे। एकर सुरुआत 16 अक्टूबर 2012 के भइल, पहिला एपिसोड रहल "जॉन बनेगा डॉन"। एह शो में दू गो दोस्त मोटू आ पतलू लोग मुख्य पात्र हवे जे एगो काल्पनिक शहर फुरफुरी नगर में रहे ला; इनहन लोग के हरकत काफी मजेदार होला।
सीरीज के डाइरेक्टर सुहास कादव बाड़ें आ थीम के म्यूजिक डाइरेक्टर संदेश शांडिल्य हवें। प्रोड्यूसर दीपा साही आ आशीष जेएस मेहता बा लोग। गाना "मोटू और पतलू की जोड़ी" के गायक सुखविंदर सिंह बाड़ें।[2] ई लइकन के टीवी शो सभ में भारत के सभसे पापुलर शो बाटे।[1]
== कहानी
नी == सीरीज के हर एपिसोड के कहानी मोटू आ पतलू नाँव के दू गो दोस्त लोग के इर्द-गिर्द रहे ले जे लोग फुरफुरी नगर के निवासी हवे।[3] कहानी अकसरहा अइसन होखे ले कि दुनों दोस्त अपना के हँसी आवे लायक तरीका से कौनों न कौनों मुसीबत में डाल लेला लोग आ ओह मुसीबत से बस भाग-भरोसे कौनों तरीका से बच जाला। मोटू के पसंदीदा पकवान "समोसा" हवे आ ऊ शहर के चायवाला के दुकान से हमेशा समोसा चोरी करे के प्लान बनावे लें जे पूरा शहर में सभसे नीमन समोसा बनावे ला। समोसा खाए के बाद मोटू के शरीर में कई गुना ताकत बढ़ जाला। दुनों दोस्त लोग में मोटूए अक्सर समस्या खड़ा करे लें आ फँस जाए पर पतलू के कोसिस से लोग उबर पावे ला। कभी कभार अउरी बाकी पात्र घसीटाराम, डाक्टर झटका, आ चिंगम सर भी कहानी के हिस्सा के रूप में जुड़ जाला। डाक्टर झटका एगो अइसन बैज्ञानिक के रूप में देखावल गइल हवें जिनकर बनावल गैजेट आ औजार अक्सरहा या त फेल हो जालें भा कवनों मुसीबत खड़ा कर देलें, घसीटाराम झटका के तारीफी करे वाला उनके दोस्त हवें।
कहानी में मुख्य विलेन "जॉन दि डॉन" हवें जिनके दू गो मंदबुद्धी सहजोगी नंबर वन आ नंबर टू हवें सऽ। जॉन अपना के डॉन बने के कोसिस करे ला, हर बेर मोटू आ पतलू मिल के ओकरा प्लान के फेल क देलें लोग।
मोटू, पतलू के साथै एह सीरिज के हीरो हवें। मोटू के नाँव मोटू एह कारन परल हवे काहें से की ऊ गोल मटोल आ मोट बाड़ें। लाल रंग के कमीज पहिरे लें आ मोटू के खाना बहुत पसंद हवे। ओहू में समोसा इनके सभसे ढेर पसंद हवे आ सभ काम छोड़ के समोसा देखते ई ओही पर टूटी परे लें। मोटू के दिमाग काम ना करे ला जब इनके भूख लागल होखे। गुस्सा आवे आ समोसा खा लेवे के बाद मोटू के ताकत कई गुना बढ़ जाला।
पतलू, नाँव अनुसार, एगो पातर आदमी हवें। ई एह सीरियल में सभसे बुद्धिमान ब्यक्ति के रूप में देखावल गइल बाने। अक्सर मोटू आ पतलू दुनों जाना जब मुसीबत में फँसे ला तब दिमाग इस्तेमाल करे के काम पतलू करे लें। आमतौर पर पतलू के इहे बिचार रहे ला कि कौनों किसिम के मुसीबत से लम्मे रहल जाय बाकी मोटू के दोस्ती में अक्सर उनके मोटू के मदद करे के परे ला। पतलू के समोसा एकदम पसंद ना हवे। इनके अखबार पढ़ल नीक लागे ला।
पतलू के भेसभूसा में पीयर रंग के ट्यूनिक आ लाल रंग के पैजामा रहे ला। ई गोल फ्रेम वाला चश्मा लगावे लें।
डाक्टर झटका एगो साइंटिस्ट (बैज्ञानिक) हवें आ किसिम किसिम के आबिस्कार करत रहे लें। उनके आबिस्कार सभ बिचित्र होला बाकी कब्बो बहुत परभाशाली ना होला आ अक्सरहा एह आबिस्कार सभ के कारन झंझटे पैदा होला, कुछ गड़बड़ी जरूर हो जाला।
डॉ. झटका एगो पीयर रंग के उड़े वाली कार में चलें लें। हरियर रंग के बुशर्ट, बैंगनी टाई आ नीला रंग के जींस पहिरे लें।
घसीटा राम के बंगाली लहजा वाला कैरेक्टर के रूप में देखावल गइल बा आ ई हर एक काम खाती कहें लें कि "(एह काम में) उनुके बीस साल के एक्सपीरिएंस बा", हालाँकि उनके ई अनुभव कौनों ख़ास कामे ना आवे ला।
इनके नीला ट्यूनिक, बैंगनी धोती आ गहिरा भूअर कमरबंद आ एही रंग के जूता में देखावल गइल बा।
![]() | ई टीवी शो चाहे टीवी सीरीज-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |