![]() 39-मीटर एक्सट्रीमली लार्ज टेलिस्कोप (ELT) के इंजीनियर लोग द्वारा बनावल रेंडरिंग | |
Alternative names | ELT |
---|---|
Observatory | European Southern Observatory ![]() |
Location(s) | सेरो अर्माजोनेस, चिली, परानल बेधशाला के लगे |
Coordinates | 24°35′20″S 70°11′32″W / 24.58889°S 70.19222°Wनिर्देशांक: 24°35′20″S 70°11′32″W / 24.58889°S 70.19222°W |
Organization | ईएसओ |
Altitude | 3,060 मी (10,040 फीट)[1][2] |
Weather | 89% साफ फ्रैक्शन[3] 500 नैनोमीटर पर 0.67″ देखाव (सीइंग)[4] |
Wavelength | विजिबल, नजदीकी आ बिचला इन्फ्रारेड |
Built | शुरू: जुलाई 2014 (निर्माण)[5] चालू होखी: 2024 में (संभावना)[6][7] |
Telescope style | रिफ्लेक्टर |
Diameter | 39.3 मी (129 फीट) |
Secondary diameter | 4.09 m[8]:124 |
Tertiary diameter | 3.75 m[8]:134 |
Angular resolution | 0.001 से 0.65 आर्कसेकेंड (यंत्र पर निर्भर)[9] |
Collecting area | 978 मीटर2 |
Focal length | 34.5 मीटर (f/0.88) प्राइमरी[8]:94 420–840 मीटर (f/10 – f/20) फाइनल |
Mounting | नास्मिथ माउंट |
Enclosure | क्लासिकल[10] |
Website | eso.org/public/teles-instr/elt/ |
यूरोपियन एक्सट्रीमली लार्ज टेलिस्कोप (यूरोपियन अति बिसाल दूरबीन) या ईएलटी (ELT) एक ठो खगोलीय बेधशाला बाटे आ एह में दुनिया के सभसे बड़हन साइज के ऑप्टिकल दूरबीन लगावल जा रहल बाटे; वर्तमान में ई चिली देस के अटाकामा रेगिस्तान में अभिन अपने निर्माण के प्रक्रिया में बाटे। एकरा चालू होखे के संभावना साल 2024 में बाटे।[11] अटाकामा के रेगिस्तान में लगभग 3000 मीटर के ऊँचाई वाला सेरो अर्माजोनेस नाँव के पहाड़ के चोटी पर मौजूद ई खगोलीय दूरबीन एह कारण लगावल जा रहल बा कि इहाँ आसमान साल भर बिना बादर के रहे ला।
दूरबीन के डिजाइन एक ठो रिफ्रेक्टिंग दूरबीन के बा जेह में पहिला सीसा (कई टुकड़ा के जोड़ के बनावल लेंस) 39.3-मीटर-डाया (126 फीट) के आ दूसरा सीसा 4.2-मीटर-डाया वाला बाटे। एकरा बतावल जा रहल लच्छन के मोताबिक ई बन जाई तब हबल दूरबीन के तुलना में 16 गुना साफ़ तस्वीर ले सकी।[12]
11 जून 2012 के ईएसओ काउंसिल द्वारा ईएलटी प्रोग्राम के योजना के जमीनी काम करे के मंजूरी मिल गइल जेवना से सिविल इंजीनियरी से संबंधित काम शुरू हो सके, जबकि खुद एह दूरबीन के निर्माण के काम अभी ना सुरु भइल काहें कि कई अन्य देस सभ से समझौता करे के रहल।[13] ईएलटी के साइट पर काम 2014 में सुरू हो गइल।[5] दिसंबर 2014 ले ईएसओ द्वारा 90% फंडिंग के जोगाड़ क लिहल गइल आ दूरबीन के निर्माण के आधिकारिक सुरुआत के भी मंजूरी मिल गइल। एह दूरबीन के पहिला फेज के निर्माण में कुल 1 बिलियन (100 करोड़) यूरो के खरचा बइठी।[14] दूरबीन के काम करे के सुरुआत के अंतरिक्ष बिज्ञान के भाषा में "पहिली रोशनी" (फस्ट लाइट) कहल जाला, यानि जब पहिली बेर एहमें प्रकाश के किरन प्रवेश करे ले, आ एह दूरबीन खातिर ई क्षण साल 2024 में आई।[6]
{{cite journal}}
: Unknown parameter |authors=
ignored (help)
The median seeing is 0.67 arcsec at 500nm with a median coherence time of 3.5 ms.
{{citation}}
: Unknown parameter |agency=
ignored (help)
{{cite journal}}
: Cite journal requires |journal=
(help); Unknown parameter |authors=
ignored (help)
{{cite web}}
: Italic or bold markup not allowed in: |publisher=
(help)
![]() |
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया European Extremely Large Telescope पर मौजूद बा। |
![]() | ई खगोलिकी-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |