योसेमिटी नेशनल पार्क | |
---|---|
योसेमाइट नेशनल पार्क, Yosemite National Park | |
आइयूसीएन श्रेणी II (राष्ट्रीय पार्क) | |
![]() योसेमिटी घाटी के सीन, टनल व्यू नाँव के जगह से देखे पर | |
लोकेशन | Tuolumne, Mariposa, Mono, & Madera counties, कैलिफोर्निया, यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ़ अमेरिका |
नजदीकी शहर | Mariposa, California |
भूगोलीय निर्देशांक | 37°44′33″N 119°32′15″W / 37.74250°N 119.53750°Wनिर्देशांक: 37°44′33″N 119°32′15″W / 37.74250°N 119.53750°W[1] |
रकबा | 759,620 एकड़ (3,074.1 किमी2)[2] |
स्थापना | अक्टूबर 1, 1890 |
आवे वाला लोग | 2,268,313 (in 2020)[3] |
गवर्निग बॉडी | नेशनल पार्क सर्विस, अमेरिका |
वेबसाइट | Yosemite National Park |
पैमाना | Natural: vii, viii |
संदर्भ | 308 |
इंस्क्रिप्शन | 1984 (8वाँ सेशन) |
योसेमिटी नेशनल पार्क (Yosemite National Park; /joʊˈsɛməti/ yoh-SEM-ə-tee;)[4] चाहे योसेमाइट नेशनल पार्क[नोट 1] अमेरिका के कैलिफोर्निया राज्य में एगो नेशनल पार्क बाटे।[5][6] दक्खिन-पूरुब ओर सिएरा नेशनल फॉरेस्ट आ उत्तर-पच्छिम में स्टेनिस्लास नेशनल फॉरेस्ट से घिरल बा। ई पार्क के प्रबंधन नेशनल पार्क सर्विस द्वारा कइल जाला आ एकर रकबा 759,620 एकड़ (1,187 वर्ग मील; 3,074 किमी2)[2] बा आ ई चार गो काउंटी सभ में पड़े ला – एकर केंद्र तुओलुम्ने आ मैरिपोसा में बाटे, आ आगे ई उत्तर आ पूरब में मोनो आ दक्खिन में मदेरा काउंटी ले बिस्तार लिहले बा। 1984 में एकरा के बिस्व धरोहर स्थल के रूप में मान्यता दिहल गइल। योसेमाइट के ग्रेनाइट चट्टान, झरना, साफ जलधारा, बिसाल सिकोइया के बगीचा, झील, पहाड़, घास के मैदान, ग्लेशियर आ जैविक बिबिधता खातिर अंतर्राष्ट्रीय स्तर पर मान्यता मिलल बा।[7] पार्क के लगभग 95 प्रतिशत हिस्सा जंगल के रूप में निर्धारित बा।[8] योसेमाइट सिएरा नेवादा के सभसे बड़हन आ कम बिखंडित निवासस्थान (हैबिटाट) ब्लॉक सभ में से एक हवे आ ई पार्क कई किसिम के पौधा आ जानवर सभ के सपोर्ट करे ला।