रॉबर्ट ब्राउनिंग | |
---|---|
![]() रॉबर्ट ब्राउनिंग, ल॰ 1888 | |
जनम | कैंबरवेल, लंदन, इंग्लैंड | 7 मई 1812
निधन | 12 दिसंबर 1889 वेनिस, इटली | (उमिर 77)
पेशा | कवी |
महतारी संस्था | यूनिवर्सिटी कॉलेज, लंदन |
साहित्यिक आंदोलन | विक्टोरियाई जुग |
प्रमुख रचना | मेन एंड वीमन, दि रिंग एंड दि बुक, ड्रामैटिस पर्सनाइ, ड्रामैटिक लिरिक्स, असोलंदो |
जीवनसाथी | एलिजाबेथ ब्राउनिंग (बि. 1846; निधन 1861) |
दसखत | ![]() |
रॉबर्ट ब्राउनिंग (Robert Browning; 7 मई 1812 – 12 दिसंबर 1889) एगो अंगरेज कवी रहलें। इनके कबिता के साथ साथ नाटक लिखे खाती भी जानल जाला आ खासतौर से ई ड्रामाटिक मोनोलाग लिखे खाती जानल जालें। ई विक्टोरियाई जुग के कबी रहलें आ एह जमाना के अगुआ लोग में गिनल जालें। इनके कबिता सभ में आइरनी, चरित्र निरूपण, डार्क ह्यूमर , सामजिक कमेंटरी, इतिहासी सेटिंग, आ चुनौती भरल शब्दभंडार खाती आ वाक्यरचना खाती बिसेस रूप से जानल जाला।
ब्राउनिंग के सुरुआती कैरियर बढ़ियाँ से सुरू भइल बाकी सफल ना रहल। इनके लमहर कबिता पाउलिन से कुछ लोग के धियान इनका ओर गइल आ एकरे बाद पैरासेल्सस छपल जेकर तारीफी विलियम वर्ड्स्वर्थ आ चार्ल्स डिकेंस द्वारा भी कइल गइल बाकी एकरे बाद छपल सोरदेलो, जे जानबूझ के अगम्य रूप में लिखल गइल रहे, इनके कबिता के खराब कइ दिहलस। एकरे बाद दुबारा इनके सफल होखे में एक दशक से समय लागल। एह दौर में ई शेली के तरीका के छोड़ के आपन निजी स्टाइल बनावे में सफल भइलें।
![]() |
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Robert Browning पर मौजूद बा। |
![]() | ई लेख केहू कबी की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |