लक्ष्मी | |
---|---|
डाइरेक्टर | राघव लॉरेंस |
स्क्रीनप्ले | राघव लॉरेंस फरहाद सैमजी स्पर्श खेतरपाल ताशा भाम्रा |
कहानी | राघव लॉरेंस |
आधार | कंचना (2011) द्वारा राघव लॉरेंस |
कलाकार | अक्षय कुमार कियारा आडवाणी |
संगीतकार | स्कोर: अमर मोहिले गीत तनिष्क बागची शशि–डीजे खुशी उलुमनाती |
सिनेमैटोग्राफी | वेट्री (छायाकार) कुश छबरिया |
संपादक | राजेश जी. पांडेय |
प्रोडक्शन कंपनी | |
डिस्ट्रीब्यूटर | डिज्नी+ हॉटस्टार |
रिलीज के तारीख |
|
लंबाई (समय) | 141 मिनट |
देस | भारत |
भाषा | हिंदी |
लक्ष्मी 2020 के भारतीय हिंदी भाषा के हॉरर कॉमेडी फिलिम हवे जेकर लेखन आ निर्देशन राघव लॉरेंस कइले बाड़ें। ई हिंदी फिलिम इंडस्ट्री में इनके निर्देशन के सुरुआत हवे जे तमिल फिलिम कंचना (2011) के रीमेक हवे। एम्मे अक्षय कुमार आ किआरा आडवाणी, आयशा रजा मिश्रा, राजेश शर्मा, अश्विनी कलसेकर आउर शरद केलकर के महत्वपूर्ण भूमिका बा। फिलिम क कहानी एगो अइसन आदमी के बा जेकरा पर एकठे किन्नर के भूत सवार बा। एह फिलिम के घोषणा जनवरी 2019 में भइल जबकि मुख्य फोटोग्राफी अप्रैल 2019 में शुरू भइल आ मार्च 2020 में खतम भइल।[2]
पहिले लक्ष्मी 22 मई 2020 के थियेटर में रिलीज होखे के रहे, लेकिन कोविड-19 महामारी के चलते रिलीज ना भइल। बाद में एकरा के 9 नवंबर 2020 के पूरा भारत में डिज्नी+ हॉटस्टार के माध्यम से डिजिटल रूप से रिलीज कयल गइल।[3][1]