वर्डप्रेस (WordPress) चाहे wordpress.org, एगो मुफ्त आ ओपन सोर्स कंटेंट मैनेजमेंट सिस्टम बा जे पीएचपी प्रोग्रामिंग भाषा में लिखल हवे[2] आ ई माइएसक्यूएल चाहे मारियाडीबी डेटाबेस सभ के साथे मिल के काम करे ला। एकरा फ़ीचर सभ में प्लगइन आर्किटेक्चर आ वेब टेम्पलेट सिस्टम सामिल बा जे वर्डप्रेस के भीतर थीम के रूप में आवे ला। मूल रूप से ई सिस्टम ब्लॉग छपावे वाला सिस्टम के रूप में डेवेलप कइल गइल रहे बाकिर बाद में चल के ई कई गो अउरी चीजन के सपोर्ट करे लायक बनावल गइल। अब एह में मेलिंग लिस्ट, इंटरनेट फोरम, मीडिया गैलरी, मेंबरशिप साइट, लर्निंग मैनेजमेंट सिस्टम सभ आ ऑनलाइन स्टोर सामिल भ गइल बाड़ें। ई वर्तमान समय में दुनियाँ के सभसे पापुलर कंटेंट मैनेजमेंट सिस्टम सभ में सामिल बा आ अक्टूबर 2021 तक ले [update] तक ले के जानकारी के मोताबिक दुनियाँ के टॉप 10 मिलियन (1 अरब) वेबसाइट सभ में से 42.8% एही के इस्तेमाल क रहल बाड़ीं।[3][4]