वाचओएस (watchOS) एप्पल वॉच के ऑपरेटिंग सिस्टम हवे जे एप्पल कंपनी द्वारा बिकसित कइल गइल बाटे। एप्पल के स्मार्टवाच (स्मार्ट घड़ी) द्वारा इस्तेमाल कइल जाए वाला ई ऑपरेटिंग सिस्टम आईओएस पर आधारित ह आ एहू क कई ठे फीचर आइओएस वाला फीचर नियन बाड़ें। ई 24 अप्रैल 2015 के एप्पल वॉच के साथ रिलीज भइल, ई घड़ी एकलौता डिवाइस हवे जे watchOS पर चले ला। watchOS डेवलपर के इस्तेमाल खातिर WatchKit नाम के एगो एपीआई के सोझा ले आइल गइल।
ई टेक्नालॉजी-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |