ई पन्ना एक ठो निबंध हवे, एह में केहू एक ठो भा कई संपादक सदस्य लोग के राय भा बिबेचना लिखल गइल बा। अइसन निबंध सभ विकिपीडिया के नीति आ दिसानिर्देस ना हवें। कुछ निबंध ब्यापक रूप से स्थापित परंपरा आ कामकाज के स्टाइल बतावे वाला हो सके लें, जबकि कुछ निबंधन में कुछ लोगन भर के नजरिया लिखल हो सके ला। |
कौनों लेख के बिसय भा एकरे अंदर लिखल जा सके वाली बिसयबस्तु ओह लेख के स्कोप होला, ई बिस्वास जोग स्रोत से दिहल गइल संदर्भ से निर्धारित होला। लेख के बिसयबस्तु, यानी ओह में शामिल कइल जाए वाली सामग्री, के बिस्तार भा ब्यापकता में एह बात के निश्चित कइल जाला कि कवन चीज लेख से संबंधित बा आ कवन चीज एकरे दायरा से बाहर के चीज बा।
आदर्श रूप में, लेख के भूमिका या पहिली लाइन या पहिला पैराग्राफ एह बात के परिचय देला कि लेख में कवन-कवन बिसय सामिल कइल गइल बा।