![]() | धियान देईं कि रउआं द्वारा ट्विंकल की प्रयोग से कइल गइल सगरी संपादन खातिर पूरा तौर पर खुद रउआँ खुद ज़िम्मेदार बाड़ीं। किरपा कइ के विकिपीडिया क नीति पहिले समझ लेंईं आ ए औजार क प्रयोग एही नीतिन की हिसाब से करीं । इहो संभव बा कि दुरूपयोग पर आपके विकिपीडिया पर रोक दिहल जाय। |
Twinkle मूल रूप से अंग्रेज़ी विकिपीडिया पर बनावल गइल एगो जावास्क्रिप्ट औजार हवे जेवन विकिपीडिया पर रखरखाव की काम में सहायता करे ला। एकर प्रयोग खाली रजिस्टर्ड सदस्य लोग कइ सकत बा। इ कई गो सुविधा उपलब्ध करावे ला, जइसे की सदस्यन को संदेश दिहल, बर्बरता की काम के एक बटन में वापिस लिहल, पन्ना के हटावे खातिर नामांकित कइल, आ अउरी कई गो काम।
Twinkle मूल रूप से AzaToth द्वारा बनावल गइल आ एकरी उत्पत्ति में Aaron Schulz की लिखल स्क्रिप्टन क भी हाथ बाटे।
अंग्रेज़ी विकिपीडिया पर Ioeth द्वारा बनावल गइल Friendly नाँव क औजार (गैजेट) भी ट्विंकले क हिस्सा हवे।
ट्विंकल क प्रयोग कइला से पहिले ओकर प्रयोग जानकारी जरूर पढ़ लेईं आ तब्बे ए के चालू करीं। पहिले ई ठीक से जान लीं कि ट्विंकल से का का कइल जा सकेला आ एकर परिणाम का होई तबे एकर प्रयोग शुरू करीं। प्रयोग जानकारी पर Twinkle के अपनी पसंद अनुसार बदलले क कई गो बिकल्प बा जिनहन क जानकारी उपयोगकर्ता की कामे आई।
हमेशा ई जरूर याद रखीं कि रउआं द्वारा Twinkle की प्रयोग से कइल गइल सगरी कार्य खातिर रउआं पूरा तौर पर खुद ज़िम्मेदार बाड़ीं। Twinkle के प्रयोग से पहिले ई जरूरी बा विकिपीडिया की नीतियों एवं दिशानिर्देशों से बढ़ियां से वाक़िफ़ हो लेंईं। एकरी गलत प्रयोग के परिणामस्वरूप सदस्यन के एकरी प्रयोग से रोकल जा सकत बा, आ यदि सदस्य विकिपीडिया पर बाधा खड़ा करे खातिर एकर प्रयोग करी तब निषेध नियमावली की मुताबिक सदस्य ब्लाक भी कइल जा सकत बा।