@AlaukikSinghReyansh: जी आपके बहुत स्वागत बाटे। भोजपुरी में विकिपीडिया के सुरुआत २००६ में भइल रहल बाकी इहाँ सदस्य लोग के कमी के कारन ई अभिन ले एगो छोटहने विकिपीडिया बाटे। अगर आप इहाँ जुड़ के योगदान कइल चाहत बानीं त ई बहुते खुसी के बात बाटे।
भोजपुरी में टाइप करे खातिर विकिपीडिया के इनबिल्ट सुबिधा नारायम देखीं।
इहाँ सम्पादन करे के एकदम सुरुआती जानकारी खातिर स्वशिक्षा देखीं।
आपके बातचीत वाला पन्ना पर जवन ऑटोमेटिक स्वागत संदेस बा ओह में दिहल कड़ी सभ के जरूर पढ़ीं। अउरी कौनो किसिम के मदद चाहत होखीं तब हमसे पूछ सकत बानी। --सत्यम् मिश्रबातचीत ०९:१८, १३ जुलाई २०१६ (UTC)