हटावे के प्रक्रिया में अइसन सगरी प्रक्रिया शामिल बा जिनहन के अंतर्गत विकिपीडिया के समुदाय के द्वारा पन्ना आ मीडिया हटावे के निर्णय आ एकरे लागू करे के काम होला।
आमतौर पर हटावे के चर्चा आ एकरे परिणाम के रूप में पन्ना हटावे खातिर आम सहमती हासिल कइल जरूरी होला। अइसन चर्चा पर निर्णय करे के काम प्रबंधक लोग करे ला। चर्चा द्वारा हटावल, विकिपीडिया के सामान्य प्रक्रिया हवे। एकरे अलावा कुछ दसा में, प्रयोगकर्ता लोग पन्ना हटावे के प्रस्ताव क सकत बा अगर अइसन बुझाय कि हटावे के काम निर्बिबाद होखी। कुछ बिसेस दसा में पन्ना तुरंत हटावल जा सके ला अगर ऊ विकिपीडिया:जल्दी से हटवले के पैमाना अनुसार हटावे लायक पावल जाय।
नोट: ऑफिस एक्शन आ विकिमीडिया फाउंडेशन बोर्ड के डिक्लेरेशन या सिस्टम एडमिन लोग के कार्रवाई, खासतौर पर कॉपीराइट, कानूनी मुद्दा, या सर्वर लोड वगैरह से संबंधित चीज, लोकल विकिपीडिया के समुदाय के सहमति से ऊपर बा आ ओकनी के प्राथमिकता बाटे।
जल्दी से हटावे के प्रक्रिया अइसन पन्ना सभ पर लागू होले जे जल्दी से हटवले के पैमाना अनुसार हटावे लायक पावल जाँय; ई पैमाना अइसन दसा सभ के चिन्हित क के बनावल गइल हवे, जवना दसा में आम सहमति एह बात खातिर बा कि प्रबंधक लोग, अपना बिबेक अनुसार, हटावे के चर्चा वाली प्रक्रिया के बिना तुरंत एह पन्ना भा मीडिया सभ के हटा सकत बा।
हटावे से पहिले ई जाँच लिहल जाय कि पन्ना कम से कम एक पैमाना अनुसार जरूर हटावे लायक बा, पन्ना के इतिहास भी जाँच के देखल जाय कि कहीं कौनो पुरान स्थिति अइसन त ना रहे जेह में पन्ना पैमाना अनुसार हटावे लायक ना रहे, अगर अइसन होखे (यानी इतिहास में कौनों रखे लायक रिवीजन मौजूद होखे) ओह रिवीजन पर वापस क के पन्ना के हटावे से बचावल जा सके ला। कट-पेस्ट-स्थानांतरण के भी धियान में रखल जाए के चाहीं आ कुछ अउरी चीज हटावे से पहिले जाँच के देख लेवे के चाहीं:
अगर पन्ना हटावे लायक नइखे पावल जात, संपादन क के टैग हटावल जरूरी बा, अइसन करे के बाद ई श्रेणी:तुरंत हटावे लायक पन्ना से हट जाई। एकरे बाद, हटावे के नामांकन करे वाला संपादक के सूचित करे पर भी बिचार कइल जा सके ला।
हटावत समय, जल्दी से हटावे के प्रक्रिया के तहत हटावल जाय तब, हटावे के सारांश के रूप में स्पष्ट रूप से कारण दर्ज कइल जाए के चाहीं, जवना से की ऊ कारण हटावे के लॉग में शामिल हो सके। पन्ना के सामग्री के अंश के उद्धरण सारांश में शामिल कइल कई बेर मददगार होला, लेकिन हमला पन्ना हमला वाली सामग्री या कॉपीराइट वाली सामग्री के दसा में ई बिलकुल भी ना करे के चाहीं। कुछ दसा में, पन्ना हटावे के बाद बनावेवाला के सूचित करे पर भी बिचार कइल जा सके ला।
प्रस्ताव द्वारा हटावे के प्रक्रिया अइसन लेख आ मीडिया फाइल पर लागू होले जवन सीधा-सीधा तौर पर तुरंत हटावे के पैमाना पर ना आवें बाकी जिनहन के हटावे से केहू के बिरोध के भी अनुमान ना होखे; यानी जिनहन के हटावल कौनो बिबाद के कारण हो सके ला, अइसन न बुझाय। एह प्रक्रिया में एगो टैग द्वारा हटावे के प्रस्ताव कइल जाला आ केहू भी संपादक (लेख बनावे वाला भी) एह टैग के हटा के पन्ना के एह प्रक्रिया से हटावे से बचा सकत बा। अगर टैग सात दिन बादो ले लागल रहे, पन्ना के हटावल जा सके ला। एक बेर ई टैग हटा दिहल जाय तब दोबारा एह प्रस्ताव वाला तारीका से नामांकन ना कइल जा सके ला। चर्चा द्वारा हटावल पन्ना, या हटावल पन्ना के दुबारा ले आ के स्थापित कइ के बनावल पन्ना भी एह तरीका से हटावे खातिर ना नामांकित कइल जा सकत बा।
हटावे खातिर चर्चा के प्रक्रिया अइसन पन्ना सभ पर लागू होले जिनहन के उचित जगह पर हटावे खातिर नामांकित कइल बा, ताकि समुदाय के लोग चर्चा द्वारा हटावे पर फैसला ले सके। अइसन चर्चा के समापन के काम अलग-अलग तरह के पन्ना खाती कुछ मामूली अंतर वाली हो सके ला, हालाँकि, कुछ सामान्य चीज नीचे दिहल जा रहल बा:
चर्चा के जगह (भा चर्चा के मंच) के रूप में छह गो अस्थान बाने जहाँ अइसन पन्ना सभ के हटावे खाती चर्चा कइल जा सकत बा जे तुरंत हटावे के पैमान के आधार पर ना हटावल जा सकत बाने:
चर्चा प्रकार | क्षेत्र-बिस्तार (स्कोप) | हटावे के कारण / चर्चा के सुरुआत[note 1] / समापन दिसानिर्देस |
---|---|---|
हटावे खातिर लेख (AfD) | लेख आ मुख्य नाँवस्थान में मौजूद पन्ना (उदाहरण खाती, बहुअर्थी पन्ना) सिवाय अनुप्रेषण पन्ना के।[note 2] | |
चर्चा खातिर श्रेणी (CfD) | श्रेणी आ आधार टेम्पलेट सभ (इनहन से आधार श्रेणी जुड़े लीं) | |
चर्चा खातिर फाइल (FfD) | फाइल सभ (जिनहन में ज्यादातर चित्र होलें)। | |
हटावे खातिर बिबिध (MfD) | पन्ना जवन मदद:, मीडियाविकि:, विकिपीडिया: (जेह में विकिप्रोजेक्ट शामिल बाने), प्रयोगकर्ता:, Module:, Gadget:, Gadget definition:, या बिबिध तरह के वार्ता: नाँवस्थान में होखें, सिवाय अनुप्रेषण के; सदस्यबक्सा (चाहे जवना नाँवस्थान में होखे); अइसन फाइल जे चित्र: नाँवस्थान में बिबरण पन्ना वाली होखे बाकी कौनों चित्र मौजूद न होखे[note 3] | |
चर्चा खातिर अनुप्रेषण (RfD) | कौनों भी विकिपीडिया नाँवस्थान में बनल अनुप्रेषण पन्ना। | |
चर्चा खातिर टेम्पलेट (TfD) | टेम्पलेट नाँवस्थान में बनल पन्ना, सिवाय आधार टेम्पलेट, सदस्यबक्सा, आ अनुप्रेषण.[note 3] |
हटवले पर समीक्षा | क्षेत्र-बिस्तार (स्कोप) | चर्चा समापन निर्देस |
---|---|---|
हटवले के समीक्षा (DRV) | हटावल पन्ना या हटावे के चर्चा के समापन पर एतराज उठावे खातिर, अगर ई बुझात होखे कि समुदाय के सहमती एकरे खातिर ना रहल आ ई एतराज के काम वापसी के अनुरोध के दायरा से बाहर बा, हटावे वाला प्रबंधक से बात करे के बाद एह जगह पर उठावल जा सके ला। | कड़ी बाद में जोड़ दिहल जाई |
विकिपीडिया पर वोटिंग भा मतदान से निर्णय ना होला बल्कि बहुत सावधानी से आम सहमति स्थापित करे के कोसिस होला। आम सहमति में चर्चा, आ बिबिध पहलू के धियान में रख के अइसन निर्णय तक चहुँपल जाला जे विकिपीडिया के नीति आ दिसानिर्देस के पालन जाहिर करे। आम सहमति में बदलाव भी संभव बा, कौनों दसा में, संपादक लोग के छोट समुदाय के आम सहमति, ब्यापक स्तर पर संपादक लोग के शामिल क के बने वाला आम सहमती हीन होले।
अपेक्षाकृत रूप से कम उल्लेख जोग ब्यक्ति, अगर हटावे के चर्चा में अपने ऊपर बनल लेख के हटावे खातिर अनुरोध खुद करे आ साथे-साथ अगर लेख रखे खातिर पर्याप्त आम सहमती ना होखे, अइसन जीवनी लेख के हटावल जा सकत बा। चर्चा समाप्त करे वाला प्रबंधक नीति के देख के अपना बिबेक अनुसार निर्णय ले।
हटावे खातिर चर्चा के कई तरह के परिणाम (रिजल्ट) हो सके लें (ई नाँवस्थान बिसेस के अनुसार भी कुछ अलग हो सके लें), कुछ आम रिजल्ट नीचे लिखल जात बाने:
चर्चा समापन के समय धियान रखीं:
परिणाम | एकर आम इस्तेमाल होला | बिबरण |
---|---|---|
रखल जाय | सगरी | पन्ना के रखे खातिर (हटावल न जाय एकरे खातिर) लगभग आम सहमती होखे। अगर रखे खातिर आ सुधार करे के ऊपर सहमती बनल होखे, ई सुनिश्चित कइल जाय कि सुधार होखे भी, नाहीं त पन्ना के दुबारा दू हप्ता बाद हटावे के चर्चा खाती नामांकन कइल जा सकत बा। |
हटावल जाय | सगरी | हटावे खातिर लगभग आम सहमती। |
कौनों सहमती ना | सगरी | कौनों साफ-साफ लगभग आम सहमति (रफ़ कन्सेंसस) के अभाव। अइसन दसा में आमतौर पर लेख के रखल जाला। बिसेस: हालाँकि, अगर अइसन स्थिति सदस्य लोग के कमी के वजह से होखे (#कोरम देखल जाय), प्रबंधक के बिबेकाधिकार बा कि एह परिणाम (कौनों सहमती ना होखे) के बाद ऊ विकिपीडिया नीति आ परंपरा अनुसार लेख के रखे लायक पावत बा कि रखे खातिर पर्याप्त वजह नइखे साबित होखत; दुसरे दशा में प्रबंधक अपना बिबेक अनुसार पन्ना के हटा सके ला आ प्रबंधक से ई उमेद कइल जाला कि संछेप में निर्णय के ब्याख्या भी लिखे, ताकि मामिला साफ-साफ स्पष्ट होखे। प्रबंधक अइसन निर्णय अपने खुद कइल नामांकन पर भी ले सकत बा, या अइसन चर्चा जेह में ऊ खुद हिस्सा लिहले होखे। |
स्थानांतरण (गैर-श्रेणी पन्ना), या नाँव बदलाव (श्रेणी) |
सगरी | नाँव बदल के, नया नाँव से रखल जाय आ सुधारल जाय।
|
बिलय | लेख, श्रेणी, टेम्पलेट | दू गो पन्ना के एक साथ बिलय क दिहल जाय। टेम्पलेट आ श्रेणी के बिलय खातिर हटावे के चर्चा करे के पड़े ला। लेख में, हटावे के चर्चा के परिणाम बिलय करे के निर्णय हो सके ला, हालाँकि अगर कौनों दू लेख के बिलय करवावे के होखे, चर्चा उनहन के वार्ता पन्ना पर होला अतने भर खातिर, हटावे के चर्चा वाला जगह के इस्तेमाल ना होला। |
बहुअर्थी बनावल | लेख, अनुप्रेषण | अगर चर्चा में एह निर्णय पर सहमती हो जाय कि पन्ना के कई पन्ना सभ पर भेजे वाला कड़ी डाल के ओकरा के बहुअर्थी पन्ना में बदल दिहल जाय। |
अनुप्रेषित कइल | लेख, टेम्पलेट, बिबिध पन्ना | अगर पन्ना पर खुद कुछ बिसेस जानकारी रखे लायक न होखे लेकिन पन्ना के टाइटिल अन्य पन्ना से संबंधित होखे जहाँ एकरा के अनुप्रेषित कइल जा सके ला। |
सदस्यीकरण | लेख, टेम्पलेट, बिबिध पन्ना | पन्ना के प्रयोगकर्ता नाँवस्थान में भेज दिहल जाय जहाँ ऊ सुधार क सके। ई अइसन सदस्य निबंध पर भी लागू होला जिनहन में लिखल बात विकिपीडिया नीति के खिलाफ पावल जाय आ चर्चा में एह बात पर सहमती होखे कि ओकरा के प्रयोगकर्ता के निजी उपपन्ना के रूप में सुधार खातिर भेज दिहल जाय। |
हटावल जाय, जबले कि उचित लाइसेंस जानकारी न होखे | फाइल | अगर कौनों फाइल खाली लाइसेंस समस्या के कारण हटावल जात होखे, समस्या के उचित तरीका से लाइसेंस उपलब्ध करावे पर सुलझ जाये के बाद दोबारा अपलोड कइल जा सकत बा। |
लिस्ट बनावल | श्रेणी | मने कि श्रेणी के हटा दिहल जाय आ एह में आवे वाला पन्ना के लिस्ट बना के रख लिहल जाय। |
टारगेट बदलाव | अनुप्रेषण | मतलब कि अब अनुप्रेषण के दुसरे पन्ना पर टारगेट वाला बनावल जाय। |
कुछ खास दसा में, हटावे के चर्चा में सुधार करे, ओकरा के दुसरे जगह ले जाए या बिना परिणाम ("procedural close") घोषित करे के जरूरत हो सके ला, अइसन पन्ना के गुणवत्ता के कारण ना बलुक नामांकन के प्रक्रिया के कारण कइल जा सके ला:
नामांकन पन्ना पर हटावे के टैग ना | सभसे नीक तरीका बा कि टैग जोड़ दिहल जाय, समय के गिनती तबसे सुरू मानल जाई जब टैग लगावल गइल। |
मुख्य पन्ना से जुड़ल पन्ना | अगर नामांकित पन्ना कौनों रूप में मुख्य पन्ना से जुड़ल बा, नामांकन के टैग हटा दिहल जाय आ अगर वास्तव में कौनों अइसन गंभीर समस्या होखे जेकरे कारण हटावे के चर्चा में नामांकन करे के होखे, प्रबंधक सूचनापट प लिख के पहिले मुख्य पन्ना से कड़ी हटवावल जाय तब नामांकन कइल जाय। अगर साफ तौर पर बुझाता कि कवनो समस्या नइखे, पन्ना के "जल्दी से रखल" जा सके ला। |
अगर नामांकन हाल में समाप्त भइल चर्चा के बिरोध में होखे, तुरंत नया नामांकन ना बलुक पुरनके के समीक्षा करे खाती अनुरोध होखे के चाहीं। अइसन नया नामांकन के वापस क के पन्ना जल्दी से रखल जा सके ला। अगर नामांकन के परिणाम "रखल जाय आ सुधार कइल जाय" रहे, आ दू हप्ता ले कवनों सुधार ना कइल गइल तबो नया नामांकन मत करीं, बलुक समीक्षा के अनुरोध करीं। | |
गलत जगह चर्चा | सही चर्चा के जगह पर ले जाइल जाय, सही तरीका से नामांकन होखे आ समय के गिनती नया नामांकन (भा सही जगह ले जाए) के समय से शुरू होखी। |
नामौजूद पन्ना या नामांकन से पहिले हटा दिहल गइल पन्ना | चर्चा बंद क दीं, आ नामांकन करे वाला के वार्ता पन्ना प सूचित करीं। इहो हो सके ला कि ऊ गलत नाँव टाइप कइले होखें, या पन्ना के नामांकन होखे से पहिलहीं हटा दिहल गइल होखे। अगर पहिला कारण होखे, नामांकन करे वाला के साफ तौर पर नया नामांकन ठीक से करे के कहीं। |
केहू प्रयोगकर्ता द्वारा, कुछ बहुत सटीक तरीका से नामांकन ना कइल जा सके, या कारण सटीक ढंग से ना लिख पावे के कारण, नामांकन अबैध ना हो जाला। अइसन दसा में ठीक से नामांकन करे के कोसिस करीं न कि नामांकन करे वाला के ऊपर नराजी जाहिर करीं।
आम दसा में, हटावे के चर्चा कम से कम सात दिन (168 घंटा) चले के चाहीं ताकि एह में रुचि रखे वाला लोग हिस्सा ले सके आ भागीदारी खातिर भरपूर समय मिले। हालाँकि, कुछ दसा में चर्चा के सात दिन के समय पूरा होखे से पहिले बंद कइल जा सके ला।
चर्चा बंद करे वाला लोग अइसन मामिला में सावधानी से निर्णय ले।
नामांकन वापसी | नामांकन करे वाला नामांकन वापसी कब्बो क सके ला, लेकिन अगर बाद में टिप्पणी करे वाला लोग रखल जाय के अलावा टिप्पणी कइले बा आ चर्चा पर्याप्त आगे बढ़ चुकल बा (महत्व के टिप्पणी भइल बाड़ी) तब चर्चा खाली एह कारन ना बंद कइल जा सके ला कि नामांकन करे वाला नामांकन वापस लिहल चाहत बा।
एकरे बजाय नीचे दिहल कारण के बारे में बिचार कइल जाय कि नामांकन जल्दी से खतम करे लायक बा कि ना: |
जल्दी से रखल | "जल्दी से रखल जाय" के रूप में चर्चा बंद कइल जा सके ला अगर नामांकन करे वाला नामांकन के बारे में राय बदल ले, हटावे या अनुप्रेषण करे के आपन तर्क के आगे बढ़ावे में बिफल होखे आ स्थानांतरण या बिलय नियर सुझाव देवे लागे—आ (AND) अउरी केहूओ चर्चा में हिस्सा लेवे वाला पन्ना के हटावे भा अनुप्रेषित करे के सुझाव नइखे दिहले। "जल्दी से रखल जाय" परिणाम तब भी जायज बा जब साफ-साफ जाहिर होखे कि नामांकन उत्पात करे खाती या विकिकाम में बाधा पैदा करे खाती कइल गइल बा। उदाहरन खाती:
|
जल्दी से हटावल (देखल जाय § Speedy deletion) |
जब निर्बिबाद रूप पन्ना जल्दी हटावे के कौनों पैमाना के तहत आवत होखे, खासतौर प पैमाना व10 (हमला पन्ना) या पैमाना व12 (कॉपीराइट उलंघन), चर्चा के समय सीमा के खतम होखे के इंतजार कइल उचित नइखे। |
खाली चर्चा खातिर चर्चा | अगर चर्चा के परिणाम साफ होखे, खाली चर्चा खाती चर्चा करे से बचाव के तौर पर समय समाप्ती से पहिले भी परिणाम घोषित कइल जा सकत बा। ई एह धारणा पर आधारित हवे कि विकिपीडिया कौनों ब्यूरोक्रेसी ना हवे। हालाँकि, तनिको संदेह होखे (यानी चर्चा के परिणाम के "बहुत संभावना होखे", "जबरदस्त संभावना" होखे, लेकिन एकदम उहे परिणाम आई एह में तनिको संदेह होखे) तब चर्चा जारी रखल उचित होखी। एकर शार्टकट के रूप में इस्तेमाल ना होखे के चाहीं। |
अगर नामांकन में बहुत कम लोग के टिप्पणी आवे या केहू टिप्पणी न करे आ नामांकन के केहू भी बिरोध न क रहल होखे, आ लेख के पहिले प्रस्ताव द्वारा हटावे पर आपत्ति न कइल गइल होखे, अइसन हचर्चा के समापन करे वाला प्रबंधक एकरा के समय सीमा पार हो चुकल हप्रस्ताव मान के हटा सके ला। प्रबंधक के अइसन दसा में नामांकन के तर्क पर ओही तरे बिचार क लेवे के चाहीं जवना तरीका से हटावे के प्रस्ताव पर बिचार करे के चाहीं, यानी नामांकन के तर्क के बैधाता के विकिपीडिया नीति आ दिसानिर्देस के अनुसार होखे के जाँच अपना बिबेक अनुसार करे के चाहीं।
अगर नामांकन पर चर्चा नइखे भइल या बहुत कम लोग चर्चा में हिस्सा लिहले बा बाकी प्रबंधक के लागत बा कि परिणाम के घोषणा कइल बिबादास्पद हो सकत बा, या पहिले कबो प्रस्ताव द्वारा हटावे के बिरोध हो चुकल बा, प्रबंधक आपन बिबेक (आ बेस्ट जजमेंट) इस्तेमाल करे आ नीचे बतावल कौनों बिकल्प चुन सकत बा, हालाँकि इहे बिकल्प चुने भर खाती बाध्य नइखे:
चर्चा आमतौर पर सात दिन (168 घंटा) के बाद बंद कइल जाले। एकरे बाद चर्चा के केहू प्रबंधक बंद करे ला आ निर्णय घोषित करे ला। जे प्रबंधक खुदे नामांकन कइले होखे या चर्चा में खुद भी भाग लिहले होखे ओकरा के चर्चा के समापन से बचे के चाहीं, हालाँकि ऊ चर्चा के समापन क सकेला। अगर पर्याप्त कमेंट के अभाव बा, या का निर्णय लिहल जाय ई साफ नइखे, चर्चा के अउरी एक हप्ता खाती दोबारा लिस्टिंग क दिहल जाला। चर्चा बंद करे के या दोबारा लिस्टिंग करे के निर्णय आमतौर पर प्रबंधक के द्वारा होखे वाली कार्रवाई बा। गैर-प्रबंधक लोग के चर्चा तबे बंद करे के चाहीं जब एक हप्ता तक चलल चर्चा में साफ निर्णय लेवे के स्थिति बन गइल होखे।
हटावे के चर्चा के मकसद एह बारे में आम सहमती बनावल हवे कि लेख हटावे लायक बा।
हालाँकि, अगर सुरुआती सात दिन के समय सीमा के बादो चर्चा में बहुत कम लोग सामिल होखे (जेह में नामांकनकरता खुद भी सामिल बा) आ/या (and/or) अइसन बुझाय की चर्चा में नीति आधारित तर्क के कमी बा, इहे बेहतर बा कि चर्चा के दोबारा लिस्टिंग (रीलिस्टिंग) कइल जाय ताकी आगे अइसन सहमती के ओर बढ़ल जा सके।[3] चर्चा जेह में, केहू नइखे सामिल भइल या बहुत कम लोग सामिल भइल बा, प्रस्ताव द्वारा हटावे के काम मान के चर्चा बंद करे वाला प्रबंधक के बिबेक पर छोड़ दिहल जाला, या फिर अगिला सैट दिन खातिर रीलिस्ट कइल जाला।
अइसन दोबारा लिस्टिंग "आम सहमती ना होखे" के रूप में चर्चा समापन के बिकल्प ना होला। अगर निर्णय लेवे वाला प्रबंधक के लागे कि पर्याप्त तर्क आ नजरिया सोझा आइल बाने तबो कौनों आम सहमती नइखे बन पावल, "आम सहमती ना होखे" के रूप में चर्चा समापन बेहतर बिकल्प बा।
पर्याप्त भागीदारी के उमेद में बेर-बेर दोबारा लिस्टिंग करे के सलाह ना दिहल जाला। भले नामांकन के टैग से कौनों नोकसान ना होला, बहुत दिन ले एकर पन्ना पर लागल रहल भी एकरे संपादक लोग के नाउमेद करे वाला परभाव वाला हो सके ला। एही से, आमतौर पर, चर्चा दू बेर से ढेर रीलिस्ट ना कइल जाए के चाहीं' तीसरी (आ आगे) अगर रीलिस्ट कइल जाय तब {{relist}} टेम्पलेट के भीतर, या एकरे साथ, ई कारण संछेप में बतावल जरूरी बा कि काहें अइसन करे वाला प्रयोगकर्ता ई सोच रखत बा कि चर्चा पर्याप्त नइखे आ एकरा के आगे बधावे के जरूरत बा। इहो धियान में रखल जाय कि {{relist}} टेम्पलेट के भीतर टिप्पणी लिखत समय ई धियान रहे कि ई विकिपीडिया प्रशासन टेम्पलेट हवे, एकर इस्तेमाल आपन इचा के परिणाम हासिल करे के कोसिस के रूप में ना होखे के चाहीं।
चर्चा के रीलिस्ट करत समय, एकरा के एकरा खाती मूल तारीख वाला लॉग से हटा देवे के चाहीं (ई चर्चा खातिर श्रेणी पर ना लागू होला) आ वर्त्तमान दिन के लॉग में शामिल कइ देवे के चाहीं। स्क्रिप्ट प्रयोगकर्ता:SM7/XFDcloser एह प्रक्रिया के ऑटोमेटिक रूप से करे ले।
आमतौर पर प्रबंधक द्वारा अइसन चर्चा सभ के समापन कइल जाला। हालाँकि, केहू अन्य वरिष्ठ प्रयोगकर्ता, जे भोजपुरी विकिपीडिया पर 2,000 से ढेर योगदान कइले होखे आ कम से कम दू साल पुरान (खाता खोले के समय अनुसार) आ लगातार सक्रिय सदस्य होखे, चर्चा के समापन क सकत बाटे, अगर ऊ खुद चर्चा में हिस्सा न लिहले होखे। अइसन दसा में नीचे दिहल बात के धियान रखल जाय:
अगर केहू प्रबंधक कौनों पन्ना के हटा दिहले बा (चाहे तुरंत हटावे के पैमाना के तहत भी) तब केहू भी प्रयोगकर्ता चर्चा के बंद क सकत बा, एकरे खातिर चर्चा बंद करत समय ओह प्रबंधक के नाँव आ हटावे के कारण (जवन सारांश में दिहल गइल रहल) साफ-साफ लिखल जाए के चाहीं।
प्रबंधक द्वारा भा वरिष्ठ सदस्य द्वारा चर्चा के परिणाम घोषित करे के मतलब हवे चर्चा समाप्त भ गइल, भले कभीकभार चर्चा के समापन करे वाला औपचारिक तरीका से चर्चा के बंद करे वाला टेम्पलेट लगा के न बंद करे (जवन कि चर्चा बंद होखे के औपचारिक प्रगटीकरण होला), आगे टिप्पणी ना कइल जाए के चाहीं आ अइसन कौनों टिप्पणी के हटा दिहल जाई। समापन करे वाला खुद, निर्णय के संबंध में कौनों स्पष्टीकरण देवे खाती अउरी टिप्पणी क सकत बा। एक बेर चर्चा बंद होखे के बाद तुरंते दोबारा चर्चा खाती नामांकन ना कइल जा सके ला (बलुक एकरा खाती समीक्षा के प्रक्रिया के पालन कइल जाय)। चर्चा बंद करे वाला प्रबंधक, बिसेस दसा में, चर्चा के दोबारा खोल सके ला, आ आगे बढ़ा सके ला।
अगर आम सहमती एह बात पर होखे कि विकिमीडिया फाउंडेशन के अन्य प्रोजेक्ट पर ले जाइल जाय (अगर प्रोजेक्ट भोजपुरी में मौजूद होखे):