![]() गिलास में ढारल विस्की | |
Type | डिस्टिलेशन से बनावल ड्रिंक |
---|---|
Introduced | 13वीं–15वीं सदी |
Alcohol by volume | कम से कम 40%[1] (ऑस्ट्रेलिया में 37%,[2][3] दक्खिन अफ्रीका में 43%[1]) |
Proof (US) | 80 आ बेसी |
Colour | सोनहरा पीयर से अंबरीं |
Ingredients | माल्ट, पानी |
Variants |
विस्की, व्हिस्की चाहे ह्विस्की, एक किसिम क शराब हवे जे अनाज के मैश के फर्मेंट क के चुआवल जाला आ पुरान कइल जाला। एह में इस्तेमाल होखे वाला अनाज (जिनहन के माल्ट कइल गइल हो सके ला) मुख्य रूप से जव, मकई, राई आ गोहूँ होखे लें। विस्की के टिपिकल रूप में, लकड़ी के कास्क में रख के पुरान कइल जाला जेकरा के एजिंग कहल जाला, ई कास्क सभ सफ़ेद ओक के लकड़ी, जेकरा आगि से सेंक के करिया कइल गइल (charred) होखे ला, के बनल होखे लें। बिना करिया कइल ओक के लकड़ी वाला कास्कवनों में भर के पुरान करे के प्रासेस कुछ जगहन पर देखल जाला।
विस्की लगभग अधिकतर देसन में लाइसेंस आ रेगुलेशन के अधीन बनावल बेचल जाला। एकर बिबिध किसिम सभ एह में इस्तेमाल होखे वाला अनाज, फर्मेंटेशन के तरीका, चुआवे के तरीका आ लकड़ी के बैरल में पुरान करे के तरीका के आधार पर होखे लीं।