वेब मैपिंग, चाहे वेब नक्शा निर्माण, भूगोलीय जानकारी सिस्टम (जीआइएस) के इस्तेमाल से बनल नक्शा सभ के वल्ड वाइड वेब पर ले आइल आ प्रस्तुत कइल हवे। वेब आधारित अइसन नक्शा बनावल खाली भर वेब कार्टोग्राफी के काम ना हवे बलुक एह में ई चीज भी सामिल बा कि नकसा में का देखावल जाय आ कइसे देखावल जाय ई कुछ हद तक बीछे के सुबिधा नक्शा पढ़े वाला के भी होला।[1] कहे के मतलब कि वेब आधारित नक्सा कौनों फाइनल प्रोडक्ट ना हवे बलुक एह में उपभोक्ता के सहभागिता भी होला।
वेब जीआइएस आ वेब मैपिंग के अक्सरहा पर्यावाची के रूप में इस्तेमाल होला। वास्तव में वेब जीआइएस के मतलब बा वेब ब्राउजर के जरिये जीआइएस के डेटा तक पहुँचल आ एनालिसिस कइल आ अपना जरूरत आ पसऽन अनुसार नक्सा बनावल।
कई गो वेब मैपिंग सर्विस उपलब्ध बाड़ी स आ इनहन में से कुछ फिरी भी बाड़ी सऽ जइसे कि ओपनस्ट्रीटमैप (OSM) वगैरह, आ लाइसेंस के साथ इस्तेमाल होखे वाला सॉफ्टवेयर भी बाने जइसे कि आर्कजीआइएस। वर्तमान में वेब मैपिंग के बिकास (इवोल्यूशन) के दसा-दिसा निश्चित करे वाला प्रमुख चीजन में अइसन मैपिंग के क्वालिटी, इस्तेमाल करे में सुबिधान, सामाजिक सुबिधा आ कानूनी सीमा वगैरह तत्व मिल के काम क रहल बाने।[2][3]
↑Parker, C.J., May, A. and Mitchell, V. (2013), “The role of VGI and PGI in supporting outdoor activities”, Applied Ergonomics, Vol. 44 No. 6, pp. 886–94.