वेब जोह इंजन आ सरच इंजन (search engine) एगो अइसन सॉफ्टवेयर होला जे खास एह खाती डिजाइन कइल गइल होला कि वल्ड वाइड वेब से जनकारी खोजल जा सके। अइसन खोज के उर सभ के एक कतार मे परयोग करे आला के सोझा रखे ला आ एह परिनाम सभ मे वेब सामग्री, इमेज, बीडियो वगैरह नियर कई किसिम के चीज के हो सके ला। जहवाँ वेब डाइरेक्टरी सभ आदमी के हाथे खुद बनावल आ मेंटेन कइल जालीं, सरच इंजन सभ एल्गोरिदम के इस्तेमाल से वेब क्राउलर के इस्तेमाल से ऑटोमेटिक तरीका से रियल-टाइम में जानकारी इकट्ठा कऽ के ओकरा लिस्ट बना ली। अइसन सामग्री जे वल्ड वाइड वेब पर होखे लेकिन सरच इंजन के इंडेक्सिंग (लिस्ट बनावे) के पहुँच से बहरा होखे ओकरा के डीप वेब के हिस्सा कहल जाला।
वेब सर्च इंजन तिन गो मुख्य प्रक्रिया में काम करेला:
सर्च इंजन के वेब क्रॉलर (bots/spiders) इंटरनेट पर अलग-अलग वेबसाइट के स्कैन करके नया आ अपडेट भइल पेजन के जानकारी जमा करेला। ई एक वेबसाइट से दोसरा वेबसाइट के लिंक के पीछा करके नया कंटेंट खोजेला।
क्रॉलर से जुटावल जानकारी के सर्च इंजन के डाटाबेस में सेव (indexing) कइल जाला। एह प्रक्रिया में सर्च इंजन वेबपेज के टेक्स्ट, कीवर्ड, इमेज, वीडियो, मेटाडाटा वगैरह के विश्लेषण करेला आ तय करेला कि कवन पेज कवन कीवर्ड खातिर रैंक होई।
जब केहू कुछु सर्च करेला, त सर्च इंजन आपन इंडेक्स से सबसे बढ़िया आ संबंधित वेबपेज के एल्गोरिदम से रैंक करके सर्च रिजल्ट पेज (SERP) पर देखावे ला। रैंकिंग तय करे में कई गो चीज के ध्यान राखल जाला, जइसे:
![]() | ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |