संगम (अंग्रेजी: Confluence चाहे conflux) भूगोल में दू गो नदी के मिले के जगह के कहल जाला।[1] अक्सर दू गो नदी के मिलन के अस्थान पर कौनों मुख्य नदी में ओकर सहायिका नदी आ के मिले ले। हालाँकि, कबो कबो ई तय कइल मुश्किल होला कि कवन मुख्य नदी हवे आ कबो-कबो परंपरा अनुसार इनहन में से एगो के मुख्य नदी मान लिहल जाला जबकि भूगोल के हिसाब से पानी के मात्रा अनुसार ऊ सहायिका नदी भी हो सके ले।
कई बेर, संगम के अस्थान पर दू गो नदी मिलें आ दुनों के महत्व बराबर होखे तब मिलन के बाद उनहन के नाँव बदल जाला आ आगे बहे वाली नदी के नाया नाँव पड़ जाला। परसिद्ध उदाहरण दजला आ फरात नदी के संगम बा जहाँ के बाद इनहन के नाँव शत-अल-अरब हो जाला, मनोंगहेला आ अलेघनी नदी के संगम पिट्सबर्ग में होला जहाँ के बाद इनहन के नाँव ओहायो नदी हो जाला, आ बांग्लादेस में जहाँ गंगा के मुख्य धारा पद्मा आ ब्रह्मपुत्र नदी के मिलन होला ओकरे बाद इनहन के नाँव जमुना हो जाला।
भारत में, एकरा के कुछ जगह पऽ प्रयागो कहल जाला आ उत्तराखंड में देवप्रयाग, कर्णप्रयाग, रुद्रप्रयाग आ बिष्णुप्रयाग अइसने जगह हवे जहाँ दू गो नदी के मिलला से जगह के नाँव प्रयाग पड़ गइल हवे। भारत में सभसे प्रसिद्ध इलाहाबाद के गंगा आ यमुना नदी के संगम बाटे आ अक्सर संगम भा प्रयाग के अर्थ इलाहाबाद के त्रिवेणी संगम से होला।
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Confluences पर मौजूद बा। |
ई लेख भूगोल शब्दावली की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |