समसपुर चिरई बिहार Samaspur Bird Sanctuary | |
---|---|
लोकेशन | सलोन, रायबरेली, उत्तर प्रदेश, भारत |
नजदीकी शहर | रायबरेली & लखनऊ |
भूगोलीय निर्देशांक | 25°59′45″N 81°23′30″E / 25.99583°N 81.39167°Eनिर्देशांक: 25°59′45″N 81°23′30″E / 25.99583°N 81.39167°E |
रकबा | 799.4 ha |
स्थापना | 1987 |
गवर्निग बॉडी | भारत सरकार |
ऑफिशियल नाँव | Samaspur Bird Sanctuary |
तिथी | 3 October 2019 |
रिफरेंस नं॰ | 2415[1] |
समसपुर चिरई बिहार चाहे समसपुर पक्षी अभयारण्य भारत के उत्तर प्रदेश के रायबरेली जिला में सैलून के लगे लखनऊ-वाराणसी राजमार्ग पर लखनऊ से लगभग 122 किमी दूर स्थित एगो संरक्षित इलाका हवे। एकर स्थापना 1987 में लगभग 780 हेक्टेयर जमीन पर भइल रहे। नजदीकी रेलवे स्टेशन उंचाहार आ नजदीकी हवाई अड्डा फुरसतगंज बा। एहिजा 250 से ढेर किसिम के चिरई सभ के देखल जा सके ला, इनहन में से कुछ लोग ओहिजा पहुँचे खातिर 5000 किमी से ढेर के सफर करे ला जेह में ग्रेलैग हंस, पिंटेल, आम टील, यूरेशियन विजन, उत्तरी शोवेलर, आ रुडी शेल्डक (सुरखाब) सामिल बाड़ें। स्थानीय चिरई सभ में नॉब-बिल्ड डक, लेसर व्हिसलिंग-डक, इंडियन स्पॉट-बिल्ड डक, यूरेशियन स्पूनबिल, किंगफिशर आ गिद्ध सभ के नाँव गिनावल जाला। समसपुर के झील में बारह किसिम के मछरी बाड़ी सऽ।
ई लेख उत्तर प्रदेश के कौनों जगह से संबंधित एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |