सर्वेक्षण (अंग्रेजी: Surveying) जमीन के कौनों हिस्सा पर मौजूद चीजन के स्थिति (लोकेशन) के जानकारी एकट्ठा करे खाती कइल जाए वाला नापजोख हवे। मुख्य रूप से एह प्रक्रिया में चीजन के बीच के कोण आ दूरी सभ के नापजोख कइल जाला। एह नापजोख के रिजल्ट के रूप में मिलल आँकड़ा सभ से नक्शा के निर्माण भी कइल जाला आ कबो कबो नक्शा बनावे के काम के भी सर्वेक्षण के अंग मानल जाला; हालाँकि नक्शानवीसी आ कार्टोग्राफी अलग बिधा आ काम के रूप में भी स्थापित बा।
सर्वेक्षण के प्रक्रिया के पढ़ाई वाला एकेडेमिक बिसय के भी एही नाँव से जानल जाला। सर्वेक्षण करे वाला ब्यक्ति सर्वेयर भा सर्वेक्षक कहाला।
ई लेख भूगोल शब्दावली की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |