साउंडट्रैक चाहे साउंडट्रैक (अंग्रेजी: soundtrack) रिकार्ड कइल गइल म्यूजिक भा संगीत होला जे फिलिम सभ में चल रहल सीन के साथे-साथ फिलिम देखे वाला लोगन के सुनाई पड़े ला। परदा चाहे स्क्रीन पर देखलाई पड़े वाला लगातार बदलत फोटो भा चित्र सभ के मोशन पिक्चर्स कहल जा सके ला आ एकरा साथे साथ एकदम सटीक तरीका से सेट कइल गइल म्यूजिक साउंडट्रैक होला। एह सटीक सेटिंग के, कि जवन चित्र देखलाई पड़े ओही से संबंधित आवाज सुनाई पड़े, सिन्क्रोनाइजेशन कहल जाला। एह तरीका से, साउंडट्रैक कौनों मोशन पिक्चर के साथे सिंक्रोनाइज कइल म्यूजिक हवे।
फिलिम के साथे-साथ सुनाई पड़े के अलावा एकरा के अलगा से एल्बम के रूप में भी रिलीज कइल जा सके ला। कब्बो-काल्ह पूर फिलिम के मय डाइलाग आ म्यूजिक सगरी अलग से कैसेट भा डिजिटल रेकार्ड के रूप में रिलीज कइल जाला जेकरा के ओह पूरा फिलिम के साउंडट्रैक कहल जाला।
फिलिम, मने कि मोशन पिक्चर, के अलावा अइसन साउंडट्रैक कौनों ड्रामा, टीवी प्रोग्राम, किताब, रेडियो प्रोग्राम भा बीडियो गेम के खातिर भी हो सके ला।
साउंडट्रैक के मतलब कौनो फिलिम भा मोशन पिक्चर के रील के साइड पर बनल ओह हिस्सा के भी कहल जा सके ला जेह पर म्यूजिक आ आवाज वाली जानकारी दर्ज होखे ले।[1] एह तरह के रील सभ के प्ले करे पर चित्र वाला हिस्सा फिलिम के रूप में देख्लाई पड़े ला आ साउंडट्रैक वाला हिस्सा आवाज रीड करे वाला यंत्र के जरिये स्पीकर पर सुनाई पड़े ला।
Types of soundtrack recordings include:
<ref>
tag; no text was provided for refs named theguardian2007
![]() | ई फिलिम भा मोशन पिक्चर्स के टर्म भा शब्दावली से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |