सिटाडेल (Citadel) एगो अमेरिकी साइंस फिक्शन एक्शन थ्रिलर टेलीविजन सीरीज बाटे जे जोश एपलबाम, ब्रायन ओह, आ डेविड वेल द्वारा अमेजन प्राइम वीडियो खातिर बनावल गइल बा, रूसो भाई लोग कार्यकारी निर्माता के रूप में बा। एह में रिचर्ड मैडेन आ प्रियंका चोपड़ा जोनास क्रम से सिटाडेल के एजेंट मेसन केन आ नादिया सिन्ह के भूमिका में बा लोग आ मुख्य कलाकारन में स्टेनली टुची आ लेस्ली मैनविल बा लोग।[2]
मार्च 2023 में एह सीरीज के दुसरा सीजन खातिर रिन्यू कइल गइल।[3] छह एपिसोड वाला ई पहिला सीजन 28 अप्रैल 2023 के प्रीमियर भइल पहिला दू गो एपिसोडन के साथे।[4]
एह सीरीज में इटैलियन आल्प्स, भारत, स्पेन आ मैक्सिको में सेट कइल गइल स्पिनऑफ सभ के सामिल कइल जाई,[2][5][6] जे अलग-अलग भाषा सभ में होखिहें।[7] वरुण धवन आ सामन्था रूथ प्रभु के मुख्य भूमिका वाली भारतीय सीरीज के निर्देशन राज एंड डीके करिहें।[8] इटली के एह सीरीज के सह-निर्माता अमेजन स्टूडियो आ आईटीवी स्टूडियो के हिस्सा कैटलेया होखिहें।[9][10]