सीनाई परबत (Ṭūr Sīnāʼ) | |
---|---|
Highest point | |
ऊँचाई | 2,285 मी (7,497 फीट) |
टोपो प्रामिनेंस | 334 मीटर (1,096 फीट) |
भूगोल | |
Location | सीनाई, मिस्र |
सीनाई परबत (Arabic: طُور سِينَاء, लिप्यंतर Ṭūr Sīnāʼ ; मिस्र देसी अरबी: جَبَل مُوسَى, हिब्रू: הר סיני) मिस्र देस के एशियाई भाग में सीनाई प्रायदीप पर एगो परबत बाटे। ई 2,285-मीटर (7,497-फुट) ऊँचाई वाला परबत, माउंट कैथरीन (2,629 मी या 8,625 फीट ऊँच) के बाद मिस्र के दुसरा सभसे ऊँच पहाड़ बाटे।[1]
एह पहाड़ के सांस्कृतिक आ धार्मिक महत्व बहुत बा आ मानल जाला के मूसा के एही पहाड़ पर ज्ञान प्राप्त भइल रहे।
सीनाई पठार एशिया आ अफिरका के बीच में स्थित बाटे। ई राजनीतिक रूप से मिस्र देस के अंतर्गत आवेला। एकरा पच्छिम में स्वेज के खाड़ी बा आ पूरुब ओर अकाबा के खाड़ी। दूनों खाड़ी के बीच में त्रिभुज के आकार के ई प्रायदीपीय पठार पर नोक वाला हिस्सा में सीनाई परबत स्थित बाटे।
सीनाई परबत के उत्तर-दक्क्षिण लंबाई 380 किमी या 240 मील आ पूरुब-पच्छिम के चौड़ाई 210 किमी या 130 मील बाटे।[1]
माउंट सिनाई के चट्टान सभ अरबी-नूबियन शील्ड के निर्माण के आखिरी काल में बनल रहलीं आ ई परबत एगो मुनरी के आकार के रूप में ज्वालामुखी क्रिया के परिणाम हवे।[2]
ई एशिया के अस्थान या भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |