सेरो अर्माजोनेस | |
---|---|
Cerro Armazones | |
![]() सेरो अर्माजोनेस के हवाई दृश्य | |
Highest point | |
ऊँचाई | 3,064 मी (10,052 फीट) |
लोकेशन (भूगोलीय) | 24°35′21″S 70°11′32″W / 24.58917°S 70.19222°Wनिर्देशांक: 24°35′21″S 70°11′32″W / 24.58917°S 70.19222°W |
भूगोल | |
Location | एंतोफगास्ता इलाका, चिली |
मूल परबत श्रेणी | चिली तटीय परबत श्रेणी |
सेरो अर्माजोनेस दक्खिन अमेरिका के चिली देस में समुंद्री किनारा के सहारे मौजूद तटीय परबत श्रेणी पर एक ठो पहाड़ बाटे। ई चिली के शहर एंतोफगास्ता से लगभग 130 किमी (81 मील) दक्खिन-पुरुब ओर बा। ई पहाड़ इहाँ लागे जा रहल खगोलीय दूरबीन खातिर चर्चा में बा काहें से कि ई सभसे बड़ दूरबीन होखी। जब एह दूरबीन के काम ना सुरू भइल रहल ओह समय एह पहाड़ के चोटी के ऊंचाई समुंद्र तल से लगभग 3,064 मीटर (10,052 फीट) रहल।[1] ई पहाड़ अपने ख़ास लोकेशन के कारण एह काम खातिर बीछल गइल बा काहें की इहाँ के रात के समय के आसमान साल 89% समय पर बिना बादर के, साफ रहे ला।[2] वर्तमान में भी इहाँ मौजूद सेरो अर्माजोनेस बेधशाला में एक ठो 1.5 मी (5 फीट) हेक्सोपोड दूरबीन (छह पाया वाली दूरबीन) लागल बा आ काम क रहल बाटे।
26 अप्रैल 2010 के यूरोपियन दक्खिनी बेधशाला के काउंसिल द्वारा एह पहाड़ के यूरोपियन एक्सट्रीमली लार्ज टेलिस्कोप के लगावे खातिर जगह के रूप में बीछल गइल।[3]
![]() | ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |