सोलर इंपल्स (अंग्रेजी: Solar Impulse) स्विट्जरलैंड के एक ठो प्रोजेक्ट बाटे जवन लंबी दूरी वाला प्रयोग खातिर बनल सौर उर्जा बिमान प्रोजेक्ट बाटे। इहे नाँव एह प्रोजेक्ट के तहत उड़े वाला जहाज के भी बाटे।[1] ई प्रोजेक्ट के पइसा-रुपया के सगरी ब्यवस्था निजी रूप से दू लोग - स्विट्जरलैंड के इंजिनियर आ बिजनेसमैन आंद्रे ब्रोशबर्ग आ स्विट्ज़रेलैंड के बर्ट्रेंड पिकार्ड, जे एगो पाइलट बाड़ें, मिल के कइले बाटे।[2] सोलर इंपल्स के मुख्य मकसद पुरा तरीका से खाली सौर उर्जा से उड़े वाला बिमान से पृथ्वी के चक्कर लगा के बिना प्रदूषण वाली उर्जा आ टेक्नालॉजी के ओर दुनिया भर के लोगन के धियान खींचल बाटे।[3] एही मकसद के ऊपर आपन बिचार बतावत घरी, फ़ोर्ब्स पत्रिका में माइक स्कॉट लिखलें कि: "अगर हमनी खाली सौर उर्जा के प्रयोग आ उर्जा एफिशिएंसी बढ़ावे वाली टेक्नालॉजी के इस्तेमाल से पुरा बिस्व के चक्कर लगावे में सफल हॉट बानी जा, प्रदूषण रहित टेक्नालॉजी के अन्य क्षेत्र सभ में इस्तेमाल के असीम संभावना साबित हो जाई।"[4]
फोटोवोल्टिक सेल से सुरुज के रौशनी से उर्जा पावे वाला ई एक सीट वाला जहाज अपने खुद के उर्जा से उड़ान के शुरुआत करे में सक्षम बाटे। एकर प्रोटोटाइप[नोट 1], जवना के सोलर इंपल्स 1 नाँव दिहल गइल, 36 घंटा ले उड़ान भरे खातिर डिजाइन कइल गइल रहल।[5] एकर पहिली टेस्ट उड़ान सन् 2009 में भइल। जुलाई 2010 में ई पुरा एक दिन-रात के उड़ान भरलस आ अपना 26 घंटा के एह उड़ान में लगभग 9 घंटा के रात के उड़ान पूरा कइलस।[6] सन् 2012 में पिकार्ड आ ब्रोशबर्ग मिलके सफलता के साथ स्विट्जरलैंड से स्पेन ले आ ओकरे बाद मोरक्को ले के उड़ान पूरा कइल।[7] सन् 2013 में अमेरिका के ऊपर से कई स्टेज के उड़ान भी भइल।[8][9]
एगो दूसर जहाज, सोलर इंपल्स 2, सन् 2014 में बन के पूरा भइल आ एह में अउरी ढेर सोलर सेल आ अधिका ताकत वाला मोटर लगावल गइल। मार्च 2015 में पिकार्ड आ ब्रोशबर्ग पुरा दुनिया के चक्कर लगावे के कोसिस सुरू कइल, ई उड़ान के सुरुआत अबु धाबी से सुरू भइल।[10] बिमान के उड़ान के प्लान अगस्त 2015 में दुनिया के चक्कर (कई खंड में) पूरा करे के रहल।[11] जून 2015 ले, जहाज एशिया के पार कर लिहलस,[12] आ जुलाई 2015 में, जापान से हवाई दीप ले के उड़ान, जवन एकर सभसे लमहर उड़ान रहल, उहो पूरा कर लिहलस।[13] हालाँकि, एह उड़ान खंड में जहाज के बैटरी के कुछ नोकसान पहुँचल जवना के मरम्मत करे में महीन्नन लागि गइल।[14] सोलर इंपल्स 2 आपन उड़ान के अप्रैल 2016 में दुबारा सुरू कइलस[15] आ कैलिफोर्निया पहुँचल।[16] मई आ जून भर में ई अमेरिका के क्रास कइलस आ 11 जून के न्यूयॉर्क पहुँचल[17]
हाल में, 20 जून के ई जहाज अपना उड़ान में अटलांटिक महासागर के पार करे खातिर न्यूयॉर्क से उड़ल[18] आ 23 जून के स्पेन के सेविल में उतरल आ पहिला अइसन उड़ान पूरा करे वाला बिमान बनल।[19]
Solar Impulse 1 – fuselage and motorsSolar Impulse 1 – wing structure
पहिला सोलर इंपल्स जहाज के रजिस्ट्रेशन HB-SIA के नाँव से भइल आ ई नमूना देखावे खातिर बनावल गइल रहल। एकर कॉकपिट बिना प्रेशर वाली रहल। एकर पाँख सिंगल रहल जवना के नीचे चार गो लिथियम आयन बैटरी एगो मोटर आ दू पंखा वाला प्रोपेलर लागल रहल। पाँख के हल्लुक बनावे खातिर कार्बन फाइबर के मधुमक्खी के छाता के डिजाइन में सजावट वाला बनावल गइल रहल।[23] 11,628 फोटोवोल्टिक सेल सभ के पाँख के ऊपर आ साइड में लगावल गइल रहल जवन दिन में सुरुज के रोशनी से बिजली पैदा करें आ रात खातिर बैटरी के चार्ज करें, ई डिजाइन सिद्धांत रूप में अनंत काल खातिर जहाज के उड़े बदे बिजली पैदा करे वाली रहल।[24][25]
जहाज के सभसे बड़हन सीमा इहे बैटरी के छमता रहल। जहाज के एकरा दिन के उड़ान के समय हासिल ऊँचाई के भी फ़ायदा के रात में इस्तेमाल करे के प्लान कइल गइल रहल।[26]
सोलर इंपल्स 1, पहिली उड़ान, "flea hop" टेस्ट उड़ान में, ड्यूबेनडार्फ में 3 दिसंबर 2009
26 जून 2009 के सोलर इंपल्स के पहिली बेर पब्लिक के सोझा देखावल गइल। एगो छोट उड़ान 3 दिसंबर 2009 के टेस्ट कइल गइल[28] जवना के मार्कस शेर्डल रहलें।[29]
7 अप्रैल 2010 के, जहाज 87 मिनट के टेस्ट उड़ान भरलस, एहू के पाइलट मार्कस शेरडल रहलें। ई उड़ान में जहाज 1,200 मी (3,937 फीट) के ऊँचाई ले पहुँचल[30] 28 मई 2010 के ई जहाज आपन पहिली अइसन उड़ान भरलस जवना में ई पुरा तरीका से सौर उर्जा से चलल आ साथे साथ बैटरी भी चार्ज कइलस।[31]
आठ जुलाई 2010 के सोलर इम्पल्स 1 आदमी के साथ आपन पहिली 26 घंटा के उड़ान कइलस जवन पुरा तरीका से सौर उर्जा पर निर्भर रहल।[32][33][34] जहाज के ब्रोशबर्ग उड़ावत रहले आ ई सेन्ट्रल यूरोपीय टाइम के हिसाब से 7 जुलाई के सबेरे 06:51 पर स्विट्जरलैंड के एगो हवाई अड्डा से उड़ान भर के अगिला दिने सबेरे 09:00 बजे लैंडिंग कइलस।[35] एह उड़ान में ई जहाज अधिकतम 8,700 मी (28,500 फीट) के ऊँचाई ले पहुँचल।[36] कौनों सौर उर्जा से चले वाला जहाज खातिर ई ओह समय के सबसे देरी ले चले वाली आ सभसे ढेर ऊँचाई ले पहुँचे वाली आदमी सहित उड़ान रहल।[37][38]
13 मई 2011 के लोकल समय 21:30 पर जहाज बेल्जियम के ब्रशेल्स में उतरल। स्विट्जरलैंड से ब्रेशेल्स के ई उड़ान 13 घंटा के रहल।[39] एकर पाइलट ब्रोशबर्ग रहलें।
एगो अउरी अंतर्राष्ट्रीय उड़ान के कोशिस फ्रांस में 12 जून 2011 के भइल बाकी जहाज के खाराब मौसम के कारन वापस लवटे के पड़ल।[40] दुसरा प्रयास में, 14 जून के, ब्रोशबर्ग, एगो 16 घंटा के उड़ान के बाद पेरिस में उतरलें।[41]
14 जुलाई 2013 के, न्यूयॉर्क के जॉन एफ केनेडी एअरपोर्ट पर प्रदर्शन खातिर खड़ा सोलर इम्पल्स 1
3 मई 2013 के सोलर इम्पल्स 1 आपन अमेरिका पार उड़ान के शुरुआत कइलस आ कैलिफोर्निया से उड़ के छह खंड में आपन ई उड़ान पूरा क के 7 जुलाई के न्यू यॉर्क पहुँचल।
ई सागरी खंड (leg) 14 से 22 घंटा के बीच के समय वाला रहलें।[8][42] दूसरा खंड, जवना में ई जहाज डलास पहुँचल, अपने समय के सौर उर्जा से चले वाला जहाज खातिर नया बिस्व रेकार्ड बनवलस।[43] सोलर इम्पल्स के एह अमेरिकी उड़ान के बाद न्यूयॉर्क में प्रदर्शनी खातिर रखल गइल आ एकरा बाद अगस्त 2013 में एके खोल के (डी-असेम्बल क के) स्विट्जरलैंड में एकरे आपने मूल हवाई अड्डा पर ले जाइल गइल आ उहाँ एगो हैंगर में सुरक्षित रख दिहल गइल।
↑मेन जहाज से पहिले नमूना के रूप में बनावल जहाज, एकरा के सोलर इंपल्स 1 नाँव दिहल गइल रहल।
↑All start times are given as UTC. All start dates for legs 1 to 8 are 2015; start dates for legs 8 to 15 are 2016.
^N1 — खंड 7 के उड़ान के योजना में 144-घंटा के लगातार उड़ान, चीन के नानजिंग से हवाई ले के (4,931 समु-मील (9,132 किमी)) के, रहल बाकिर खराब मौसम के चलते एकरा के जापान के नगोया में उतरे के पड़ल।[12]
↑Solar Impulse team records the distance as 1,593 km. The FAI website states that the "Straight Distance – pre-declared waypoints" was 1,468 km. FAI "Record ID #17429"Archived 2016-01-13 at the Wayback Machine, Fédération Aéronautique Internationale, accessed 1 August 2015
↑The FAI website states that the "Free distance along course" was 2614.5 km. FAI "Record ID #17558"Archived 2016-01-13 at the Wayback Machine, Fédération Aéronautique Internationale, accessed 29 July 2015
↑उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named FAIHawaii