Mammary gland in a female human = glandula mammaria | |
---|---|
![]() Cross-section of the mammary-gland. | |
Details | |
Precursor | Mesoderm (blood vessels and connective tissue) Ectoderm[3] (cellular elements) |
Artery | Internal thoracic artery Lateral thoracic artery[1] |
Vein | Internal thoracic vein Axillary vein[1] |
Nerve | Supraclavicular nerves Intercostal nerves[2] (lateral and medial branches) |
Lymph | Pectoral axillary lymph nodes[1] |
Identifiers | |
TA98 | A16.0.02.006 |
TA2 | 7099 |
FMA | 60088 |
Anatomical terminology |
स्तन ग्रंथि चाहे थन एगो ग्रंथि (ग्लैंड) होले जे मनुष्य में आ अउरी कई जानवर सभ के शरीर के अंग के रूप में, नया पैदा भइल बच्चा सभ के पोषण खाती दूध पैदा करे के काम करे ला। ई एगो एक्सोक्रान ग्लैंड हवे। अइसन जानवर सभ जिनहन के शरीर में ई ग्रंथि पावल जाले, स्तनधारी कहालें आ जंतु बिज्ञान के वर्गीकरण में इनहन के मैमेलिया वर्ग में रखल जाला (मैमेल शब्द लैटिन भाषा के मामा शब्द से आवे ला जेकर मतलबे स्तन होला)।
स्तन पूरा अंग के कहल जाला जे दूध पैदा करे ला जबकि एकरे ऊपरी हिस्सा भा सभसे अंतिम बाहरी माथ पर निकलल उभार के चूची (संस्कृत: चुचूक से) भा अंग्रेजी में निप्पल कहल जाला। दूध खाती पोसल जाये वाला जानवर जइसे कि गाइ आ भइस में एकरा के थन भा थान कहल जाला (इहो स्तन के देसी रूपांतर हवे) आ चूची सभ के छीमी भा छिम्मी भी कहल जाला।
मनुष्य आ चिंपांजी नियर कुछ जानवर सभ में ई ग्रंथि शरीर के ऊपरी हिस्सा में, छाती पर पावल जाले जबकि कुक्कुर, बिलार आ सूअर नियर जानवरन में ई पेट वाला हिस्सा में होखे ले, गाई आ भइस में ई पछिला गोड़न के बीच में होखे ले।
स्तन से दूध के निकसल कभी-कभार अट्रेंडम भी हो सके ला बाकी ज्यादातर स्थिति में दूध निकले के समय बच्चा पैदा होखे के बाद होला जेकरा के लैक्टेशन पीरियड कहल जाला। आम तौर पर मादा जानवर के स्तन से दूध निकले ला आ नर सभ में ई अंग बस चीन्हात्मक रूप से होला; हालाँकि, अपवाद के रूप में कुछ जीव प्रजाति सभ में नर भी दूध पियावे के काम करे लें।[4]
![]() | ई शरीररचना-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |