हाथ धोवल | |
---|---|
![]() साबुन आ पानी से हाथ धोवल |
हाथ धोवल (अंग्रेजी: Handwashing) एगो काज हऽ जेमे हाथ के साबुन आ पानी चाहे खाली पानी से साफ कईल जाला, जेकरा से वायरस, बैक्टीरिया चाहे हाथ के मइल हट जाला। हाथ सुखाइलो एकरे हिस्सा मानल जाला एहसे की भींजल हाथ बड़ी हाली दोबेरा लेटा सकेला।[1][2]
बिस्व स्वास्थ संगठन नाहीयो तऽ 20 सेकंड ले हाथ धोवे के सलाह देवेला। हई सभ काम करे के पहिले आ बादि मे हाथ धोवे के चाहीं:[3]
जदि हाथ मे धुर गरदा नइखे तऽ पानी के बदल सैनिटाइजर के परजोग कइल जा सकेला।[4][5] जदि साबुन आ सैनिटाइजर दूनो नइखे तऽ हाथ के राख अउरी पानी से धोवल जा सकेला, बाकिर कोसिस होए के चाहीं जे साबुन चाहे सैनिटाइजर के परजोग कइल जाव।
साबुन से दिन मे बेरि बेरि हाथ धोवला से ढेर बेमारी से बाचल जा सकेला जइसे डाइरिआ आ कलेरा। एकरा से खोखी चाहे कोरोना बेमारी से भी बाचल जा सकेला।
<ref>
tag; no text was provided for refs named CDC2020Wash2
<ref>
tag; no text was provided for refs named Huang2012