हेनिपावाइरस Henipavirus | |
---|---|
![]() | |
हेंड्रा हेनिपावायरस के रंगीन ट्रांसमिशन इलेक्ट्रान माइक्रोग्राफ (ca. 300 नैनोमीटर लंबाई) | |
वायरस बर्गीकरण | |
Group: | Group V ((−)ssRNA) |
ऑर्डर (Order): | मोनेगावाइरालेस |
परिवार: | पैरामाइक्सोवाइरीडाई |
जाति (Genus): | हेनिपावाइरस |
टाइप प्रजाति | |
हेंड्रा हेनिपावाइरस | |
प्रजाति | |
सीडर हेनिपावाइरस |
हेनिपावाइरस (Henipavirus) एक किसिम के आरएनए वायरस बाटे जे जीव बिग्यानी बर्गीकरण में पैरामाइक्सोवाइरीडाई वाइरस परिवार में आवे ला, आ इनहन के कुल (ऑर्डर) मोनेगावाइरालेस हवे। एकर पाँच गो प्रजाति के चीन्हन जा चुकल बाटे। ई वाइरस सभ प्राकृतिक रूप से फल खाए वाला चमगादुर सभ में पावल जालें।[1] इनहन के मुख्य लच्छन सभ में लमहर जीनोम सभसे प्रमुख बा। इनहन के इन्फेक्शन से घरेलू जानवर आ मनुष्य सभ के बेमार होखे आ मौत होखे के भी संभावना होले।[2]
मई 2018 में निपाह वाइरस इन्फेक्शन के भारत के केरल राज्य में फइले के खबर आइल आ कई लोग के मौत होखे के रपट मिलल।[3] हिमाचल प्रदेश में मुर्दा चमगादुर मिले के कारन एकरे प्रकोप फइले के खतरा खाती भी सतर्कता के खबर आइल।[4] धियान देवे वाली बात ई बा कि निपाह वाइरस, हेनिपावाइरस जाति के एगो प्रजाति हवे जे प्राकृतिक रूप से चमगादुर सभ में रहे ला आ सभसे पहिले एकरा के मलेशिया के निपाह नाँव के जगह पर चिन्हित कइल गइल रहल, 1998 में ई उहाँ फइलल रहे आ काफी लोग के मौत भइल रहे।
{{cite journal}}
: Unknown parameter |displayauthors=
ignored (help)
{{cite book}}
: Unknown parameter |chapterurl=
ignored (help)
{{cite news}}
: External link in |work=
(help)
![]() | ई जीव बिज्ञान से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
![]() | ई सेहत आ स्वास्थ्य-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |